ठण्डी बढला के बाद विपन्न परिवार के आलम कम्बल बँटनी

वीरगंज ०८ माघ

ठण्डी से प्रभावित पर्सा जिल्ला के पर्सागढी नगरपालिका के वार्ड नं ५ के अनेकन टोल के गरिब, दलित तथा असहाय समुदाय के परिवार के शनिचर के दिने कम्बल बाँटल गईल बा ।

पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं ५ के आर्थिक सहजोग मे गरिब दलित, असहाय वर्ग के आदमीसब के कम्बल वितरण कईल बा ।

कुछ दिन एने बढल ठण्डी से गरिब तथा अति विपन्न परिवार के असहज हो रहल अवस्था मे कम्बल वितरण कईला के बाद उलोग के राहत के महसुस कईले बाडन ।

कार्जक्रम पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं ५ के अध्यक्ष असलम आलम के प्रमुख आतिथ्यता मे कम्बल वितरण कईल रहे । उ कार्जक्रम मे जनानी वार्ड सदस्य सतिया देवी, शिवमतिया अहिरिन, समाजवादी पार्टी के जिल्ला सदस्य अशोक यादव, समाजसेवी आमोदिन हवारी, स्थानीय अगुवा रमेश यादव, सैनुलाह मियाँ, संदिप तिवारी लगायत स्थानीयवासी के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।