लैंगिक हिंसा विरूद्ध के १६ दिने अभियान के छौवा दिन विद्यार्थीलोग मे सचेतना
लैंगिक हिंसा विरूद्ध के १६ दिने अभियान के छौवा दिन विद्यार्थीलोग मे सचेतना

प्रभु यादव
बारा १४ अगहन
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ७ के नमुना दुर्गा मावि के पढेवाला लईकालईकी के लैंगिक हिंसा विरूद्ध के सचेना करावल गईल बा ।
लैंगिक हिंसा विरूद्ध के १६ दिने अभियान के छौ वां दिन दुर्गा मावि बरेवा के किलास ९ से १२ तकले पढेवाला लईकालईकी लोगन के सचेतना कार्जक्रम कर के जनकारी करावल गईल बा । जन जागरण युवा क्लव कलैया के आयोजना आ रेडियो बारा, संस्कार एफ एम, विश्वास एफ एम, हाम्रो प्रयास नेपाल, संरक्षण नेपाल, लाईफ नेपाल, भियसो लगायत के संस्था सब के सहभागिता रहल रहे ।
कार्जक्रम मे सरस्वती पौडेल, लक्ष्मी खरेल, प्रभु यादव सहजिकरण रहल रहे । कार्जक्रम मे दुर्गा मावि के प्रअ मनोज यादव, प्रसनी अमृत प्रसाद यादव, प्रहरी जवान मनिल ठाकुर, प्रसह ज्ञानु पौडेल लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






