६ महिना मे १८ करोड के अवैध समान पकडाईल

वीरगंज ०९ माघ,
मधेस प्रदेश प्रहरी कार्यालय जनकपुर चालु आर्थिक बरीस २०७८–७९ के ६ महिना मे १८ करोड मूल्य बराबर के अवैध समान बरामद कईले बा ।
चालु आर्थिक बरीस के सावन से पुस तक १८ करोड ८ लाख ५१ हजार १ सय ५६ रोपेया के अवैध समान बरामद कईल प्रदेश प्रहरी कार्यालय जनकपुर जनवले बा ।
कार्यालय से सार्वजनिक कईल विवरण मुताविक कार्यालय आ ८ गो जिल्ला प्रहरी कार्यालय ६ महिना मे १ करोड ३५ लाख १४ हजार ५ सय ५५ रोपेया के किराना सामान, ४१ लाख ८४ हजार १ सय २८ रोपेया बराबर के विद्युतिय सामान ८ करोड ३५ लाख ३९ हजार ९० रोपेया के सवारी साधन आ पाटपुर्जा, ७ करोड ९६ लाख १२ हजार ८ सय ८३ रोपेया के लत्ता कपडा बरामद कईले बा ।
एहितरे फेन्सी तथा आउर समान, ९ लाख ८१ हजार १४ रोपेया के १ सय ९ ग्राम ७९४ मिलिग्राम सुन, आ ७० लाख ६८ हजार ७ सय ८३ रोपेया के ८२ किलो १० ग्राम २७० मिलिग्राम चाँदी बरामद भईल प्रदेश प्रहरी कार्यालय जनकपुर जनवले बा ।
अवैध कारोबार मे संलग्न १ सय ४ जने आदमी भी पुलीस पकडके समान सहित जरुरी कारबाही के खातिर लगेके भन्सार कार्यालय मे बुझवले बा ।
लागू औषध कारोबार मे संलग्न ६०५ पकडईलें
पुलीस अवैध रुप मे लागू औषध ओसार प्रसार कईल आरोप मे ८ जिल्ला से ६ महिना मे ६ सय ५ जने के पकडले बा । पकडाईल मेसे ११ जने जनानी भी बाडि ।
६ महिना मे पुलीस लागू औषध गाजा १ हजार ७ सय १७ किलो, ब्राउन सुगर १ सय ३४ ग्राम, चरेश ४६ किलो, हिरोईन ८३ ग्राम, डाइलेक्स डिसी ९० लिटर, अनेकन ट्याबलेट ४० हजार ७ सय २८ गो आ इन्जेक्सन २२ हजार ४ सय ४६ थान बरामद भईल प्रदेश प्रहरी जनवले बा ।
९ सय ५२ फरार प्रतिवादी पकडईलें
मधेस प्रदेश से पुलीस ६ महिना मे ९ सय ५२ जने फरार प्रतिवादी के पकडले बा । उलोग से ३ सय ६५ दिन २ महिना ३ दिन कैद आ ३ करोड ७१ लाख ६६ हजार ७ सय १४ रोपेया जरिवाना सम्बन्धित जिल्ला तथा उच्च अदालत अशुल कईले बा । नदिजन्य पदार्थ अवैध रुप मे उत्खनन करके बिक्रि कईल आरोप मे पुलीस २३ जने के पकडले बा । १ सय ७८ गो सवारी साधन कारबाही मे परल बा । जउना से पुलीस ११ लाख २६ हजार ८० रोपेया राजश्व संकलन कईले बा ।
अवैध रुप मे वन फडानी करके लिया रहल समय २२ जने पकडाईल बाडन । उलोग के साथ से १७ लाख ९७ हजार ५ सय ७० रोपेया मूल्य बराबर के १ हजार १ सय ९२ क्युफिट काठ बरामद कईल आ काठ ओसार प्रसार मे संलग्न २२ जने आदमी पकड के जरुरी कारबाही के खातिर वन के बुझावल गईल पुलीस जनवले बा ।
सवारी दुर्घटना मे २ सय ९२ जने के मृत्यु
सवारी दुर्घटना मे पर के २ सय ९२ जने के मृत्यु भईल बा । ज्यान गुमावेवाला मे २ सय ५२ जने पुरुष आ ४७ जने जनानी बाडि ।
प्रदेश मे ६ महिना मे २ हजार ८ सय ५९ गो सवारी दुर्घटना भईल बा । सवारी दुर्घटना मे ८ सय ८० जने जनानी सहित ४ हजार २ सय ३८ जने घायल भईल पुलीस के तथ्यांक बा । ट्राफिक ओरी २ सय ६८ गो मुद्धा दर्ता भईल बा ।
ट्राफिक नियम उलंघन करेवाला १ लाख ३६ हजार ४ गो अनेकन सवारी के धनी के कारबाही करके पुलीस ११ करोड ८९ लाख २५ हजार ५ सय रोपेया राजश्व संकलन कईले बा ।
भारत के बिहार राज्य सँगे खुल्ला सीमा जुडल चलते मधेस प्रदेश मे अनेकन अपराधिक गतिविधि भी हो रहल बा । हाथ हथियार सहित आदमी पकडाईल बाडन । हाथ हथियार के २४ गो मुद्धा चलला पर ३४ जने पकडाईल बाडन । लम्हर १२ आ छोट १५ थान हाथहथियार बरामद भईल पुलीस जनवले बा ।
स्रोत ना खुलल नेपाली ८० लाख ७३ हजार ६ सय २० आ भारतीय ११ लाख १९ हजार ९ सय रोपेया बरामद भईल बा । स्रोत ना खुलल रोपेया लेके चलेवाला २० जने आदमी पकडाईल बाडन ।
विपद के घटना मे २ सय ५३ जने के ज्यान गईल
मधेस प्रदेश मे ६ महिना मे ७ सय ६१ गो विपद के घटना भईल बा । जउना मे ५८ जने जनानी सहित २ सय ५३ जने ज्यान गँवईले बाडन ।
१ सय ९० जने घायल भईल पुलीस जनवले बा । ८ जने वेपत्ता भईल प्रदेश प्रहरी कार्यालय के प्रवक्ता एवं सूचना अधिकारी प्रहरी उपरीक्षक तुल बहादुर कार्की जानकारी देहनी ।






