हुण्डी कारोबार कईल आरोप मे ६ लाख सहित एक जने पकडईलें

वीरगंज ११ भादो

पर्सा पुलीस वीरगंज से ६ लाख रोपोय सहित हुण्डी कारोबार कईल आरोप मे एक जने के पकडले बा । वीरगंज –१ रहेवाला ६० बरीस के स्वामीनाथप्रसाद साह के हुण्डी कारोबार कईल आरोप मे पुलीस पकडले बा ।

सबेरे साढे ९ बजे प्रहरी चौकी ईनर्वा पर्सा के टोली वीरगंज–१६ शंकराचार्य गेट मे खटल टोली उनका के पकडल पुलीस जनवले बा ।

ना.८ प १८७ नम्बर के हिरो होण्डा स्प्लेण्डर मोटरसाइकल मे भारत से वीरगंज ओरी आ रहल समय उनकर पाईन्ट के अगाडि ओरी के जेभी मे श्रोत ना खुलल नेपाली ६ लाख मिलल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओम प्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।

उलोग विरूद्ध बैंक तथा वित्तीय संस्था सम्बन्धी ऐन, २०७३ बिरूद्व के कसूर मे अनुसन्धान अगाडि बढावल गईल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।