बारागढी गाँवपालिका के अध्यक्ष थारू के कार्य विरूद्ध मे स्थानिय जनता कईलें नारावाजी

प्रभु यादव

बारा ०९ माघ

बारा के बारागढी गाँवपालिका के अध्यक्ष देवदत बछाड थारू के कार्य असन्तुष्टि के विरोध करत स्थानीय जनता नारा जुलुस कईले बाडन ।

गाँवपालिका मे प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत अमोद चौधरी तीन बरीस से काम काज करते आईल सरूवा भईला पर अध्यक्ष थारू फेरसे पदस्थापन करावेला राजनिति करहल जनता सब के आरोप रहल बा । निजामती कर्मचारी के नेपाल सरकार से आईल सरूवा के मान के आपन कार्य क्षेत्र मे जाएके आ सरूवा होकर के आईल कर्मचारी के काम करे देवेके बातवरण बना के जनता के काम करे देवेके पडल जवन पालिका अध्यक्ष थारू राजनिती करत ना कर देरहल अध्यक्ष के प्रत्यासी अशोक जयसवाल आरोप लगावले बाडन ।

पालिका से देवेवाला सेवा सब रोक के जातीवाद आ नातावाद के मोहमे फस के जनता के काम मे अवरोध खडा कईल अध्यक्ष थारूके विरूद्ध मे उतर जनता के क्षति होई सब जिम्मेवारी बछाड के लेवेके परि जयसवाल चेतावनी देहले बानी ।

सरकारी नीति नियम विपरीत तीन तीन बेर सरूवा भईल प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत के पदस्थापन करा के गैर जेमेवारी काम करहल बाडन पालिका अध्यक्ष थारू जयसवाल के आरोप रहल बा । वडा नम्वर १ के वडाअध्यक्ष सुरेश चौधरी नेपाल सरकार से मान्यता प्राप्त के कार्य मे लगा के समाजिक सुरक्षा भता, बालपोषण भता आउरी आर्थिक कारोबार समेत रोक के पालिका अध्यक्ष थारू नातावादहि चाहिँ कार्य करहल आरोप लगावले बानी । स्थानिय नेता दयाशंकर राय भ्रष्टाचार लुकावेला चार दिन पहिले से गाउपालिका अध्यक्ष बछाड थारू आपन नेतृत्व मे पुस २९ गते रात मे कार्यपालिका सदस्य के मिटिङ्ग कर के जातिय राजनिती करत थारू समुदाय के खातिर कानुन सम्वत काम करेला अवरोध करे के कईल आरोप लगावले बानी ।

निजामती कर्मचारी कानुन अनुसार काम करेला कर्मचारी ना राखे के पहिलका घटना हवे कर्मचारी के खातिर आन्दोलन कईल कवनो अवचित्य ना रहल राय बतावले बानी । बारागढी गाँवपालिका से अभि पालिका अध्यक्ष के निर्देशन के कईल जारहल पत्र सब मे चलानी नम्वर बढे के चाहिँ त घटरहल बा आरोप राय के।रहल बा । सरूवा भईल प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत के कानुन आ सरकार के नितिनियम ना मानेके बात जातिय नातावाद काम छोड के राजनिति करे मे लागे के स्थानिय जनता सब चेतावनी देहले बा ।

बारागढी गाँवपालिका मुर्कीपलिया गाउँ से आईल दलित जनानी सब अध्यक्ष थारू आ प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत चौधरी आपन थारू समुदाय के आपन गावमेही मातरे विकास कईले बा आपना सब के उपेक्षित बनावले बा आरोप लगावले बाटे । स्थानिय उमेश प्रसाद साह के।अगुवाई मे निकलल जुलुस गाँव परिक्रमा कर के नारा लगावत पालिका मे पुग के कोण सभा कईले रहल ।

कोण सभा के सञ्चालन हरिनारायण साह कईले रहनी । सभा के समापन्न कर के पालिका के उपाध्यक्ष लक्ष्मी देवी राय के जनता के काम काज सुचारू करवावे के खातिर ज्ञापन पत्र बुझावले रहल । हाजिर भईल प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत वकिल पाल से जनकारी लेहला पर आपने कार्यालय आईल तिसरका दिन रहल बा पालिका के आर्थिक कारोबार के निर्णय ना होखे सकल बा नियमित प्रशासनिक काम काज करहल बानी जनकारी करावले बानी ।

संघिय मामिला तथा समान्य प्रशासन मन्त्रालय के चलानी नम्बर ६२२ के पत्र के मिति २०७८ साल पुस २३ गते निर्णय से शाखा अधिकृत पाल के राष्ट्रिय सतर्कता केन्द्र सिंहदबार काठमाडौ से बारागढी गाँउपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत मे सरुवा कर के २८ गते हाजिर होखे खातिर आदेश जारी भईला पर २८ गते पालिका मे हाजिर होखे आईल गाँउपालिकाका अध्यक्ष देवदत बछाड थारू विहान करावे के कहत आलटाल करदेहनी ।

अधिकृत पाल पुस २९ गते सरुवा के पत्र, निवेदन सहित हाजिर होखेला आईला पर अध्यक्ष थारू हाजिर नाकरावे के जवाफ देहत दुई दिन तक प्रतिक्षा करे के परी कहत आलटाल कईला वाद वडाअध्यक्ष लोग वडा सदस्य सभे उपप्रमुख राय के हाजिर करावेला निहोरा कईला पर उपाध्यक्ष हाजिर करावले बानी । गाँवपालिका मे प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत पाल बियफे के दिन बिधीबत रुप मे हाजिर भईल बानी ।

पाल हाजिर भईल दर्ता नम्बर ५५६ रहल उपप्रमुख राय जनकारी करावले बानी । हाजिर होकर के पदभार लेत प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत पाल नागरिक सब लेके आईल काम मे तोक लगाके काम के शुरुवात कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।