सशस्त्र प्रहरीद्वारा १ सय ६० किलो लागू औषध गाजा बरामद

महोतरी १३ माघ
सशस्त्र पुलीस भारी मात्रा मे लागू औषध गाजा बरामद कईले बा । महोतरी जिल्ला के महोतरी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ४ रानिरतवडा क्षेत्र से सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल भारी मात्रा मे लागू औषध गाजा बरामद कईले बा ।
बियफे के सँझिया करीब ९ बजे के समय मे पुवरा भितर चोरालुका के राखल अवस्था मे सशस्त्र पुलीस भारी मात्रा मे लागू औषध गाजा बरामद करेमे सफल भईल बा । नेपाल से भारत ओरी लेजाएके उदेश्य से राखल लागू औषध गाजा बरामद कईल सशस्त्र प्रहरी जनवले बा ।
महोतरी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ४ निवासी लक्षमी चौधरी के बेटा गणेश चौधरी के मुर्गा फर्म के पछाडी राखल पुवरा के पुँजउल भितर से १ सय ६० किलोग्राम लागू औषध गाजा बरामद कईल डिआइजी गणेश ठाडा मगर जानकारी देहनी ।
बिशेष सूचना के अधार मे सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल २ नम्बर छिनमस्ता बाहिनी से खटल सशस्त्र पुलीस के टोलि आ आउर बोर्डर आउट पोस्ट जलेश्वर बेश से खटल टोली लागू औषध गाजा बरामद करेमे सफल भईल डिआइजी मगर बतवनी ।
बरामद कईल लागू औषध गाजा जरुरी कारवाही के खातिर नेपाल प्रहरी के जिम्मा लगावेके तईयारी कईल बतवले बानी ।






