प्रहरी चौकी मधुवन भवन उदघाटन

प्रभु यादव
बारा १४ माघ
बारा के करैयामाई गाँवपालिका के वार्ड नम्बर १ मे निर्माण सम्पन्न भईल प्रहरी चौकी मधुवन के भवन उदघाटन एक कार्जक्रम के बीच सम्पन्न भईल बा ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी करैयामाई गाँवपालिका के अध्यक्ष भुनेश्वर धामी आ विशिष्ट अतिथी जिल्ला प्रहरी कार्यालय, बारा के प्रहरी उपरिक्षक दिलिप सिंह देउवा संयुक्त रुप मे उदघाटन कईले बानी । कार्जक्रम मे प्रहरी उपरिक्षक देउवा प्रहरी हि असुरक्षित भईल समय मे प्रहरी चौकी निर्माण करके सहजोग कईल गईल गाँवपालिका के धन्यवाद देहले बानी ।
आवेवाला दिन मे गाँवपालिका मे अपराध निर्मलीकरण के खातिर सहजोग के अपेक्षा रही देउवा जनकारी करावले बानी । गाँवपालिका के वार्ड नम्बर १ के वार्ड अध्यक्ष सोनालाल साह के अध्यक्षता मे सम्पन्न कार्जक्रम मे निर्माण समिति के अध्यक्ष राकेश साह के गाँवपालिका अध्यक्ष धामी आ प्रहरी प्रमुख देउवा संयुक्त रुप मे दोसल्ला ओढाके सम्मान कईले रहल ।
प्रहरी चौकी के नव निर्मित भवन गाँवपालिका आ वार्ड नम्बर १ के २० लाख के आर्थिक सहजोग मे बनल निर्माण समिति के अध्यक्ष साह जनकारी करावले बानी ।






