पर्सा के जनसङ्ख्या ६ लाख ४९ हजार
वीरगंज १५ माघ
राष्ट्रिय जनगणना, २०७८ के प्रारम्भिक नतिजा मुताविक पर्सा के जनसङ्ख्या ६ लाख ४९ हजार ३९७ पुगल बा ।
राष्ट्रिय जनगणना, २०७८ के प्रारम्भिक नतिजा मुताविक मधेस प्रदेश के पर्सा के जनसङ्ख्या पिछिलका १० बरीस के समय मे जम्मा ४८ हजार से वृद्धि भईल देखल गईल बा । एकरा से पहिले २०६८ साल के जनगणना मुताविक जिल्ला के जनसङ्ख्या ६ लाख एक हजार १७ रहल रहे । जिल्ला मे ०.७४ प्रतिशत के दर से जनसङ्ख्या वृद्धि भईल तथ्याङ्क देखवले बा ।
जिल्ला मे जनानी के जनसङ्ख्या मे कमी आईल बा । देशभर जनानी के सङ्ख्या बढला पर भी पर्सा मे जनानी के जनसङ्ख्या कम रहल बा । पर्सा मे पुरूष के सङ्ख्या तीन लाख ३४ हजार ९१९ तथा जनानी के सङ्ख्या तीन लाख १४ हजार ४७८ रहल बा । पुरूष से जनानी के जनसङ्ख्या २० हजार ४४१ कम रहल बा ।
राष्ट्रिय जनगणना, २०७८ के प्रारम्भिक प्रतिवेदन मे वीरगंज महानगरपलिका के दु लाख ७८ हजार २७३ जनसङ्ख्या रहल बा । महानगर मे एक लाख ३९ हजार ८४२ पुरुष आ एक लाख २८ हजार ४२४ जनानी बाडि । महानगरपालिका मे ४७ हजार २१८ परिवार के बसोबास रहल तथ्याङ्क देखवले बा । तथ्याङ्क मुताविक कालिकामाई गाँवपालिका मे २३ हजार ४७०, ठोरी गाँवपालिका मे १७ हजार ४९४, पकाहामैनपुर गाँवपालिका मे २२ हजार ९५७, धोबिनी गाँवपालिका मे २२ हजार ७४६ तथा छिपहरमाई गाँवपालिका मे २६ हजार ७४२ जनसङ्ख्या बा ।
एहितरे, पटेर्वासुगौली गाँवपालिका मे २५ हजार ५०८, जगरनाथपुर गाँवपालिका मे ३२ हजार सात, बिन्ध्यवासिनी गाँवपालिका मे २४ हजार ४६६, जीराभवानी गाँवपालिका मे २२ हजार ६०२, सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका मे ३५ हजार ७१२, पोखरिया नगरपालिका मे ३८ हजार ९८५, पर्सागढी नगरपालिका मे ४१ हजार ४७७ तथा बहुदरमाई नगरपालिका के ४३ हजार ७८० जनसङ्ख्या बा ।






