सहिद परिवार के सम्मान कार्जक्रम, मधेसी दल से भाडेके प्रयास, कार्जक्रम सफल

कलैया १५ माघ
सहिद परिवार के सम्मान कार्जक्रम मे मधेसी दल से भाडेके प्रयास कईला वाद भि कार्जक्रम सफल भईल बा । मधेस जनविद्रोह समिति से हरेक वरीस के जईसन ई वरीस भि मधेस आन्दोलन मे सहादत प्राप्त भईल परिवार लोग के सम्मान २०७३ साल से करते आईल बा ।
बारा के परवानीपुर गाँवपालिका वार्ड नं. ५ गण्डक बहुवरी मे, कार्जक्रम भईल जवना के जसपा नेपाल के वार्ड अध्यक्ष रामेश्वर साह कलवार आपने खडा होकर के कार्जक्रम भाडे खातिर वडा प्रहरी कार्यालय से प्रहरी बोलाके ना सञ्चालन करे देवेके निर्देशन कईले रहनी । आईल प्रहरी सभे निरीक्षन कईला वाद हस्तक्षेप ना कईले कार्जक्रम सफल भईल बा ।
वार्ड अध्यक्ष कलवार आपने सर्वोच्च बुझ के हम जे करेम सभे नियम हवे कहत धाक देखावत संचारकर्मी सब के देखावे खोजले रहनी । ईहाँ के समाचार संकलन करे आईल संचारकर्मी लोग से प्रश्न वार्ड अध्यक्ष कलवार कहले रहल । कार्जक्रम ना होखे देवेला वार्ड अध्यक्ष आपन समकक्षी के लेके आगाडी बढल रहे ।
जनप्रतिनिधि लोग जनता के खातिर प्रतिनिधित्व करेलन माकिर जनता के खातिर ज्यान देदेहल उ सहिद परिवार के सम्मान कार्जक्रम के ना होखेदेवेस के प्रयास कईल संकेत भईल आयोजक के आरोप रहल बा । वार्ड मे कवनो कार्जक्रम करेला वार्ड अध्यक्ष से पुछ केरेके परी कहल गलत भईल आयोजक के सिकायत रहल बा । सार्वजनिक जगहा मे विना पुछले कवनो किसिम के कार्य ना करे मिलि अध्यक्ष कलवार धाक देखावले रहनी ।
वार्ड अध्यक्ष कलवार विकास के नाम मे ५० गो गाछ लगावल नष्ट कर के नाम कमावेला काम कईले बानी । कार्जक्रम मे विगाडेला अध्यक्ष के सोच रहल मजविसका केन्द्रिय सदस्य अजय पटेल बतावले बानी । पटेल के अनुसार आपन सभे के पर्यावरण संरक्षण के, खातिर बृक्षारोपन कईले बानी । वार्ड अध्यक्ष कलवार दुसर कोई करी से त उहे के नाम चलजाई संकिर्णसोच से ग्रसित भईल जेसिबी लगा के सभे वृक्ष नष्ट कईल गईल बतावले बानी । सहिद परिवार से सहिद के नाम अमर रहो सोच बृक्ष लगावे आईल वडा प्रहरी के सामुने आपन धाक देखावत लगावे ना दिहले । अध्यक्ष मधेसी दल मध्ये जसपा नेपाल के भईला से कईला पर पार्टी के, बन मंत्री भईला से पार्टी घाँस के धाक लगावत ना लगा देवे के चलखेल खेलले बानी केस पटेल बतावले । कार्जक्रम मे कोभिड के कारण लगावल नियम भितर १० से १५ जने सहभागिता भईल रहनी ।






