मोटरसाइकल चोरी करके भाग रहल अवस्था मे एक युवक पकडईलें

वीरगंज १६ माघ
पुलीस मोटरसाइकल चोरी करके भाग रहल अवस्था मे एक जने के पकडले बा ।
पकडाएवाला मे कालिका नगरपालिका–१ घर भईल २८ बरीस के रोशन डुम्जन रहल बाडन । उनका के वीरगंज महानगरपालिका–१२ स्थित सानो पाइला भोजनालय से पकडले बा ।
पकडाईल उनका के पर्सा जिल्ला अदालत से दिन ५ म्याद लेके आउर अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।
उ २१ बरीस के कृष्णकुमार साह के नाम मे दर्ता रहल ना.५३ प ४२८५ नम्बर के हरिहर २०० सीसी के पल्सर मोटरसाइकल पार्किङ कईल अवस्था मे लक तुरके भागेके खोजले रहलन ।






