वीरगंज मे लइकी हत्या आरोप मे युवक पकडईलें

वीरगंज १६ माघ

वीरगंज मे लइकी हत्या के आरोप मे एक युवक पकडाईल बाडन । वीरगंज महानगरपालिका–१५ भिश्वा मे रहेवाला सरोज महतो कुशवाहा के १० बरीस के बेटी रिजवाना महतो हत्या आरोप मे पुलीस ४० बरीस के मोतीलाल प्रसाद कुर्मी के पकडले बा ।

पुस २४ गते वीरगंज–१६ नगवा मे कञ्चनजंगा स्कुल लगे निर्माणाधीन भवन के बगल मे लइकी के लास मिलल रहे । मोती लइकी के हत्या कईल खुलल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी । ‘योजना बनाके लइकी के हत्या कईल तथ्य खुलल बा ।’ उ तथ्य के पुष्टी करे खातिर प्रमाणसब भी संकलन रहल बा ।’

माघ २ गते हि पकडाईल मोती के बारे मे पुलीस एतवार के दिने जानकारी देहले बा । उनका विरुद्ध अपहरण तथा कर्तव्य ज्यान मुद्दा मे आउर अनुसन्धान हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।