नक्कली नेपाली रोपेया सहित दु जने पकडईलें
नक्कली नेपाली रोपेया सहित दु जने पकडईलें

वीरगंज १८ बैशाख
वीरगंज से पुलीस बहुते परिमाण मे नेपाली नक्कली रोपेया सहित दु जने के पकडले बा । नेपाली १ हजार दरका १ सय २३ थान नक्कली रोपेया सहित दु जने के वीरगंज के घण्टाघर लगे से सोमार के सँझिया पुलीस पकडले रहे ।
पकडाएवाला मे भारत के बिहार राज्य के पश्चिमी चम्पारण जिल्ला के बेतिया भावल पंचायत–४ घर भईल ३० बरीस के क्यामुद्धिन मियाँ आ बारा के प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नम्बर २ के ४० बरीस के हलिमा खातुन रहल बाडन । विशेष सूचना के आधार मे सोमार के रात वडा प्रहरी कार्यालय वीर्ता से प्रहरी निरीक्षक पुष्कर बोगटी के नेतृत्व मे खटल पुलीस टोली उलोग के घण्टाघर चोक लगे से पकडले रहे ।
भारत के रक्सौल से पैदल आरहल उलोग के घण्टाघर चोकस्थित सडक मे रोकके देह चेकजाँच कईला पर दुनु जने के साथ से १ सय २३ थान नक्कली रोपेया बरामद भईल प्रहरी निरीक्षक बोगटी बतवनी । नक्कली रोपेया सहित पकडाईल दुनु जने के पुलीस हिरासत मे राख के अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।




