सिम्रौनगढ मे नक्कली नोट सहित साह पकडईलें

प्रभु यादव
बारा १८ माघ
बारा के सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नम्वर २ हरिहरपुर से नक्कली नोट सहित एक जने पकडाई बाडे ।
रौतहट मौलापुर नगरपालीका वार्ड नम्वर ७ पिपरिया के ३२ बरीस के किशोरी साह नक्कली नोट सहित पकडाईल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा । सिम्रौनगढ बजार से हरिहरपुर ओर जारहल ना २५ प १९७८ नम्वर के मोटरसाइकल के रोक के चेक जाँच कईला पर साह नक्कली नोट सहित पकडाईल प्रहरी जनकारी करावले बा ।
सिम्रौनगढ ईलाका प्रहरी कार्यालय से खटल प्रहरी टोली करिब सझिया के ५ बजे के समय मे चेकजाच करे के क्रम मे साह के पकडले बा । १०० के नोट २९६ थान नेपाली नक्कली नोट दु लाख ९६ हजार आ १२ हजार एक सय ४५ रोपेया सहित प्रहरी टोली साह के पकडले बाडन ।
नक्कली नोट सहित पकडाईल साह , मोटरसाईकल आ नोट इलाका प्रहरी कार्यालय सिमैनगढ मे राखल गईल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।






