सुरक्षित खानेपानी योजना निर्माण कार्जक्रम के तिसरा पक्ष से अनुगमन

प्रभु यादव
बारा १८ माघ
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १ कट्टी पर्सा मे रहल सुरक्षित खानेपानी योजना निर्माण कार्यक्रम के तिसरा पक्ष से अनुगमन कईल गईल बा ।
सुरक्षित खानेपानी टकी निर्माण होकर के कट्टी पर्सा गाँव मे एक सय ८५ घर परिवार मे शुद्ध पिएवाला पानी के धारा पुगल बा । सभे विमारी के जड रहल पानी शुद्ध मिलला से आपना सभे के सहयोग भईल कट्टी पर्सा के जवाहीर मण्डल खुसी भईल बतावले बानी । गाँव मे रास्ता बनगईल पियेवाला शुद्ध पानी मिलल माकिर पानी निकलेवाला निकास होजाईत तब हमरा गाव के हर समस्या पूरा होई मण्डल के कहनाम रहल बा ।
कट्टी पर्सा के रहनियार झगरू महतो गाव मे पहिले सिपटी बनावेला कार्जक्रम लेके आईल लोग आज शुद्ध पानी पियेतक बानावादेहल आपना गाव से विमारी के पूरा विदाई होई कहनाम रहल । अनुमगन मे पुगल लोग खाने पानी के धारा आ सौचालय के खातिर सिपटी के सम्बन्ध मे जनकारी लेहले रहल रहे । अनुगमन करे पुगल टोली शुद्ध खानेपानी के बनल टंकी समुदाय के उपभोक्ता समिति के हस्तान्तरण करे के सल्लाह सुझाव देहले रहनी ।
जन जागरण युवा क्लव के उपाध्यक्ष राजदेव साह के अगुवाइमे पुगल अनुगमन टोली मे खानेपानी डिभिजन एकाई के सरसफाई फोकल पर्सन विरेन्द्र पंडित, युनिसेफ के बारा, पर्सा सरसफाई संयोजक हिरालाल चौधरी, कलैया उपमहानगरपालिका के वातावरण शाखा के अनकेत सहनी संचारकर्मी प्रभु यादव, जनजागरण युवा क्लव के कार्यकारी निर्देशक श्रीनिवास बैठा, टंकी निर्माण योजना के सहजकर्ता सुरेश यादव, कट्टी पर्सा खानेपानी उपभोक्ता समिति के सदस्य सब के सहभागिता रहल रहे। कट्पर्सा खानेपानी तथा सरसफाई परियोजना ११ फेब्रुअरी २०२० से १७ अप्रिल २०२१ तक मे ४०हजार लिटर टंकी भईल शुद्ध पियेवाला पानी रहल बनल बा ।
तईयार भईल खानेपानी योजना से एक हजार चार सय ७९ जने लोग के शुद्ध पानी पेयेला पहुच पुगल समिति जनकारी करावले बा । योजना ८२ लाख ५६ हजार आठ सय ५७ रोपेया ८२ पइसा के कुल लागत मे पानी टंकी बना के गाव के घर घर मे धारा पुगल जन जागरण युवा क्लव के निर्देशक ठाकुर जनकारी करावले बानी ।
पानी टंकी बनावे मे समुदाय के श्रमदान योगदान आठ लाख १२ हजार छव सय ९३ रोपेया २८ पईसा कलैया उपमहानगरपालिका के सहयोग १२ लाख १९ हजार ३९ रोपेया ९२ पईसा आ युनिसेफ जन जागरण युवा क्लव के आर्थिक सहयोगल ६२ लाख २५ हजार एक सय ३४ रोपेया ६२ पईसा के लागत मे बनल ठाकुर जनकारी करावले बानी ।






