अधिकृत यादव आ अध्यक्ष साह के मिलीभगत मे लकडी के तस्करी बढल

वीरगंज २० माघ

सब डिभिजन बन कार्यालय सबैया आ सबैया साझेदारी वन व्यवस्थापन समुह के मिलीभगत मे लकडी तस्करी सुरु भईल स्थानिय सिकाईत कईले बाडन ।

सहायक वन अधिकृत रामपुकार यादव सब डिभिजन वन कार्यालय सबैया गईला के बाद व्यापक रूप मे लकडी तस्करी आ हरिहर वन नेपाल के धन के सखाप करेके उदेश्य से अधिकृत यादव लागल एक स्थानीय नाम ना बतावेके सर्त मे बतवले बाडन ।

डिभिजन बन कार्यालय पर्सा के नि.कार्यालय प्रमुख फरमान मियाँ के मासिक रुप मे महिनवारी देवेवाला किसिम से गईल यादव अधिकृत मानवता छोड के पईसा कमाएके धन्दा मे सक्रियाता बढवले बाडन ।

डिभिजन वन कार्यालय के मुद्दा मे भी अधिकृत यादव कमाएवाला धन्दा बनवले बा । कउनो भी किसिम के मुद्दा मिला देहेम भा कमजोर बना देहेम कहके बहाना मे पईसा कमाएके आ डिभिजन बन कार्यालय प्रमुख के भी हिस्सा देरहल आरोप लागत आईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।