पत्रकार महासंघ मे नयाँ सदस्यता देवे खातिर दोसर समिति बनावेके माग

वीरगंज १४ माघ,

नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा नयाँ सदस्यता फारम दर्ता, सुद्धिकरण तथा छानबिन समिति के बुझईला के बाद महासंघ के पूर्व अध्यक्ष अशोक तिवारी आजु महासंघ मे पत्रकार सम्मेलन के आयोजना करके असन्तुष्टि जनवले बानी ।

नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के वर्तमान कार्यसमिति से असन्तुष्ट पक्षधर नयाँ सदस्यता वितरण मे दोसर छानबीन समिति गठन करेके माग कईले बाडन । नयाँ सदस्यता के आवेदन उपर छानबिन तथा सिफारिस समिति के निश्पक्ष आ स्वतन्त्र बनावे खातिर महासंघ के पूर्व पदाधिकारीलोग के समेट के स्वायत समिति बनावे के भी माग तिवारी कईले बानी । सदस्यता के आवेदन खोलला मे नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के धन्यवाद भी देहले रहलन ।

कार्जक्रम मे नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश २ के सदस्य जगत राई, एहितरे रितेश त्रिपाठी, शाखा के संस्थापक संयोजक शङ्कर खतिवडा, प्रेस युनियन पर्सा के उपाध्यक्ष विजय चौहान, संघीय प्रेस फोरम के केन्द्रीय सदस्य अनिल तिवारी, शेखर छतकुली लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।