वीरगंज भन्सार रोकलख १८६ कम्पनी के कारोबार

काठमाण्डु २१ माघ

वीरगंज भन्सार कार्यालय बेरुजु रकम दाखिला ना करेवाला १८६ फर्म तथा कम्पनी के कारोबार रोक्का करेके निर्णय कईले बा ।

नेपाल टेलिकम, भ्याली कोल्डस्टोर, पतंजली आयुर्वेद, अर्किड इन्टरनेशनल सहित के कम्पनी के कारोबार रोक्का राखेके निर्णय भईल प्रमुख भन्सार प्रशासक अरुण पोखरेल बतवनी ।

बेर–बेर ताकेता कईला पर भी भन्सार कारोबार के दायित्व चुक्त्ता करे ना अईला के बाद कारोबार रोक्का के निर्णय कईल उ बतवनी । उ फर्म कम्ती मे चार हजार से बेसी मे ४० लाख तक बेरुजु फर्छ्यौट करेके बाँकी रहल उनकर कहनाम बा ।

कुछ कम्पनी आर्थिक बरीस २०६०÷६१ के वक्यौता ना तिरल मिलल सहायक भन्सार प्रशासक वीरगंज भन्सार प्रमुख हरिहर पौडेल बतवनी । अईसन कम्पनी के कुल बक्यौता १७ करोड से बेसी बा । कारोबार रोक्का के निर्णय के बाद कम्पनीसब बेरुजु तिरेमे बाध्य होखेके उ बतवनी ।

प्रमुख भन्सार प्रशासक पोखरेल के मुताविक वीरगंज भन्सार कार्यालय राजश्व लक्ष्य प्राप्त करेके अलावा भन्सार चुहावट, बेरुजु फर्छ्यौट तथा मुद्दा फर्छ्यौट के विशेष प्राथमिकता मे रखले बा । उनकका मुताविक आर्थिक बरीस के अभी तक के समय मे वार्षिक राजश्व लक्ष्य के १०३.९ प्रतिशत लक्ष्य प्राप्त भईल उ बतवनी । पोखरेल के मुताविक भन्सार चुहावट नियन्त्रण के खातिर भन्सार गस्ती बढईला से अभी तक करिब ५ करोड ६५ लाख रोपेया बराबर के सामान जफत होके भन्सार दाखिला कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।