स्थानिय सरकार माहामारी के समय जनता के सेवा मे लागे खातिर साह के निहोरा

वीरगंज १५ चईत,
विश्वव्यापी महमारी के रुप मे फईल रहल कोरोना भाइरस से बँचे खातिर सभी कालिकामाई गाँवपालिका वासिलोग के घर मे रहे खातिर नेपाली काङ्ग्रेस कालिकामाई गाँवपालिका के सह–संयोजक कुन्ती देबी साह निहोरा कईले बानी ।
उ एगो प्रेस विज्ञप्ती जारी करत आपन घर मे रहके केन्द्र सरकारद्वारा घोषित लकडाउन के पुर्ण रुप मे पालना करे खातिर निहोरा कईले बानी ।
एकरा साथे उ गाँवपालिका के सभी वार्ड मे रहल स्वास्थ्य चौकी के आपत्कालिन अवास्था तक कम से कम ९ बजे से ५ बजे तक सन्चालन करेके आ छुटी के दिन शनिचर के भी स्वास्थ्य संस्था सन्चालन करे खातिर हार्दिक निहोरा कईले बानी ।
उ महमारी के आवस्था मे भी कालिकामाई गाँवपालिका के स्थानिय सरकार मौन रहला से आम सर्बसधारण जनता के सेवा मे अग्रसर होखे खातिर प्रेस विज्ञप्ती मार्फत निहोरा कईले बानी ।
एक साथे गा.पा.के सभी वार्ड के नेपाली कांग्रेस से सम्बन्धीत नेता, कार्यकर्ता आ अगुवालोग के अईसन महामारी के दुःखद समय मे सर्वसधारण मे सहजोग आ सेवा मे खटे खातिर निहोरा कईले बानी ।
सह संयोजक साह से जारी कईल प्रेस विज्ञप्ती मार्फत हि महमारी के समय मे आपन जिजान लगा के जनता के सेवा आ सुरक्षा मे लागल पुलीस प्रशासन, स्वास्थ्यकर्मी, सञ्चारकर्मी के भी बिशेष धन्यवाद ज्ञापन कईले बानी ।






