भारतीय मोटरसाईकल के ठोकर से एक युवक घम्भिर घायल

मेघराज राय

जिराभवानी २३ माघ

पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका के वार्ड नम्बर एक मे परेवाला हुलाकी सडक खण्ड मे आजु सँझिया भारतीय मोटरसाइकल के ठोकर से एक युवक गम्भीर घायल भईल बाडन । घायल होखेवाला मे जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नम्बर एक गम्हरिया के २४ बरीस के दिपक थारु रहल बाडन ।

थारु जगतिया से तरकारी किन के गम्हरिया जाएके समय मे द्यच् द्दद्द ब्ब्छडघठ नम्बर के मोटरसाइकल के ठोकर से थारु घायल भईल बाडन ।

ठोकर देवेवाला आदमी भारत बिहार बेतिया जिल्ला शनिचरी गाँव मे रहेवाला इरफान अन्सारी के पुलीस चौकी महादेवपट्टी नियन्त्रण मे लेहल प्रहरी चौकी महादेवपट्टी के प्रहरी सहायक निरीक्षक इन्दिबर चौधरी जानकारी देहनी ।

मोटरसाइकल चालक अन्सारी बहुते दारु पियला से दुर्घटना भईल प्रत्यक्षदर्शी बतवले बाडन । घायल के ईलाज के खातिर बीरगंज पठावल गईल आ ठोकर मारेवाला आदमी आ मोटरसाइकल ईलाका प्रहरी कार्यालय सेढवा मे राखल ईलाका प्रहरी कार्यालय सेढवा के प्रहरी नायव निरीक्षक तिर्थ बहादुर खत्री जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।