बारा मे नेकपा माओवादी २७ वां जनयुद्ध दिवस मनवलख

प्रभु यादव

बारा १ फागुन

बारा मे नेकपा माओवादी केन्द्र अनेकन कार्जक्रम कर के २७ वां जनयुद्ध दिवस मनवले बा ।

कलैया के भरत चौक मे नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी माओवादी केन्द्र नगर कमिटी मैनबति बार के २७ वां जनयुद्ध दिवस मनावले बा । निजगढ के लाल मे सभा कर के, सिमरा मे नगर पार्टी कार्यालय उदघाटन, आदर्शकोतवाल मे मैनवती बार के जन युद्ध दिवस मनवले बा ।

नेपाल अभी जईसन जेतना भि उपलब्धि सब हासिल कईले बा उ जनयुद्ध के चल्ते आईल बा कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि मधेश प्रदेश कमिटी सदस्य शिवचन्द्र कुशवाहा जनकारी करावले बानी । अभी बाहरी शक्ति के भुमरी मे पररहल बा देश ओकरा के रोके काम करेके परि कुशवाहा बतावले रहनी ।

बिदेशी शक्ति से देश के बचावेला कालहु के दिन मे जंगल जाएके परल रहे आजु भि देश के बचावेला कवनो कदम चालावे के परि कुशवाहा के कहनाम रहल रहै । एमसिसी के बहाना मे देश के बन्धक बनावेवाला खेल होरहल बा ओकरा के रोकेके कदम चालेके परि कुशवाहा बतावले रहनी ।

कार्जक्रम कलैया नगर कमिटी अध्यक्ष मुकेश साह के अध्यक्षता मे भईल जवना मे कलैया उपमहानगरपालिका के उपाध्यक्ष रमेश साह, आबिद हुसैन अंसारी, सुनिल कुश्वाहा, कलैया योङ कम्युनिस्ट लिग कलैया अध्यक्ष समि अखतर, उपाध्यक्ष रमोद यादव, अवधेश पटेल, अनेरास्ववियु क्रान्तिकारी बारा जिल्ला अध्यक्ष संदिप यादव, अखिल नेपाल खेलकुद महासंघ कलैया अध्यक्ष रियाजुल इस्लाम, कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नंं २३ के वार्ड अध्यक्ष बिक्रम साह, दुःखी राम, नाथु राम, राजेश्वर कुश्वाहा, सफार मंसुर, सुशील कुमार मालि, सेराजुल हक अंसारी, सोनालाल साह, रसुलआजम अंसारि, अंगद कुमार सहनी लगायत के उपस्थिति रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।