सरस्वती पुजा मे विवादित बनल गाँव लक्ष्मीनिया होत बह्रम बाबा के प्राण प्रतिष्ठान के खातिर कलश यात्रा

रौतहट २ फागुन

रौतहट जिल्ला के ईशनाथ नगरपालिका के वार्ड नं ६ पल्टुवा गाँव के बह्रम स्थान के मन्दिर मे प्राण प्रतिष्ठान के पुजा के खातिर कन्या कुमारी द्वारा बिशाल कलश शोभा यात्रा निकालल गईल बा ।

ईशनाथ नपा के पल्टुवा से सुरु कईल कलश यात्रा कुछ दिन पहिले माघ २३ गते हिन्दूधर्मावली के आस्था के केन्द्र बिन्दु सरस्वती माता के मुर्ती बिसर्जन करेके दिन कुछ अराजक तत्व से कईल दुस प्रहार लक्ष्मीनिया गाँव होत पुरा भईल बा ।
समाजिक सदभाव कायम राखेके उदेश्य से समाज मे रहल गलत मानसिकता जउना से धर्म के नाम मे समाजिक सदभाव बिगाडेके खोजेवाला के हिन्दू आ मुस्लिम समाज के अगुवालोग खुदे सहभागी होके लक्ष्मिनिया गाँव के बीच रास्ता होत शान्तिपूर्ण एवं सौहाद्रपूर्ण बातावरण मे कलस यात्रा निकलले बा ।

इशनाथ नगरपालिका वार्ड नं ६ पल्टुवा टोल मे बरीसो से ब्रहम स्थान के मन्दिर मे प्राण प्रतिष्ठान के पुजा के खातिर कलश यात्रा सहित शुभारम्भ भईल बा । ब्रहम पुजा के अवसर मे कलश शोभा–यात्रा सहित ईशनाथ नगर परिक्रमा कईल बा । पल्टुवा टोल मे आयोजना कईल बह्रम बाबा के प्राण प्रतिष्ठान पुजा स्थल से ढोलबाजा सहित कलश–यात्रा निकलल बा ।

रौतहट निर्वाचन क्षेत्र नम्बर २ के नेकपा एमाले नेता तथा सांसद प्रत्यासी किरण कुमार साह, इशनाथ नगरपालिका के नगर प्रमुख सन्तोष मेहता, उपप्रमुख, वार्ड अध्यक्ष लगायत दुनु समुदाय के आगुवालोग के सकारात्मक सोच के कारण दुनु समुदाय के सहभागिता मे गाँव के बह्रम बाबा के मन्दिर मे प्राण प्रतिष्ठान पुजा के कलश यात्रा काम मे हजारो कन्या कुमारीद्वारा माटी के बरतन कलश मे जल लेवे जाएवाला देखके स्थानीयलोग खुसी भईलन ।

नेता साह सामाजिक सदभाव कायम राखे खातिर हम कउनो भी बलिदानी देवे खातिर तइयार रहल बतवनी । शान्तिपूर्ण कलश शोभा यात्रा से हिन्दू मुस्लिम साथ साथ रहल सन्देश देहल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।