मधेश तेस्रो आँखा दैनिक के तिसरका वार्षिकोत्सव पुरा, निष्पक्ष पत्रकारिता करे खातिर वक्तालोग के निहोरा

भोटा. संवाददाता /
वीरगंज १२ सावन,
वीरगंज से प्रकाशित होत आईल मधेश तेस्रो आँखा दैनिक पत्रिका के तिसरका वार्षिकोत्सव शनिचर के दिने पुरा भईल बा ।
वीरगंज के होटल क्लासिक बैंकट मे भईल कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि जगरनाथपुर गाँवपालिका प्रमुख श्रीकान्त यादव पत्रकारलोग के सत्य तथ्य समाचार लिखे खातिर निहोरा कईले रहनी ।
अभी कुछ पत्रकारलोग हचुवा के भर मे समाचार लिख रहला से जनता के विश्वास ओरात गईल चर्चा करत पत्रकार से समाज मे हो रहल बेथितिसब उजागर करेके काम मे सहजोगी भुमिका खेलेके बात मे जोड देहले रहनी ।
आर्थिक मन्दी के समय दैनिक पत्रिका प्रकाशन कईल बहुते चुुनौती रहल बतावत प्रमुख यादव पिछिलका समय निष्पक्ष पत्रकारिता मे प्रश्न खडा भईल कहत ओकरा के सँचियावे खातिर निहोरा कईले रहनी । प्रमुख यादव प्रिन्ट मिडिया के अनलाईन मिडिया चुनौती देरहल समय पत्रिका पाठक के चाहना अनुसार के कन्टेन्ट देवेके बिचार रखले रहनी ।
एहितरे विशिष्ट अतिथि सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका के प्रमुख जसवन्त यादव पिछिलका समय कुछ पत्रकारलोग एक पक्षिय तरिका से समाचार लिखके सिंगो पत्रकारिता जगत के बदनमा करेके काम कईला मे चिन्ता व्यक्त कईले रहलन ।
अभी कुछ पत्रकार आपन ब्यक्तिगत फायदा लेवेके उदेश्य से पित पत्रकारीता करे लागला से सिङ्गो पत्रकारिता क्षेत्र हि बदनाम होत गईल बतवनी । उ अवसर मे पत्रकार आ पत्रिका व्यवस्थापन मे पालिका सकेभर सहजोग करेके प्रतिबद्धता जनवले रहलन ।
पत्रिका के प्रकाशक मुनेश लायो मगर के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय सदस्य केसी लामिछाने, मधेश प्रदेश के महासचिव श्याम बन्जारा, प्रेस सेन्टर नेपाल के केन्द्रिय सदस्य जगत राई, बान के मधेश प्रदेश के अध्यक्ष आशिक अन्सारी, सौन्दर्यकर्मी युनियन मधेस प्रदेश के अध्यक्ष ओम कुमारी शर्मा, प्रेस सेन्टर पर्सा के अध्यक्ष दिपक गौतम, प्रेस चौतारी नेपाल पर्सा के अध्यक्ष तुलसी भन्डारी लगायत के लोग आपन आपन शुभकामना मनतव्य रखले रहनी ।
कार्जक्रम के स्वागत मन्तब्य पत्रिका के प्रधान सम्पादक गणेश ठकुरी कईले रहलन आ सहजिकरण सुर्य वि.क. कईले रहलन ।