पुर्ब जिबिस सभापति शम्भु चौरसिया के मेहरारु राजपति के श्रद्धाञ्जली सभा पुरा

वीरगंज ०२ फागुन,
राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी पर्सा के वरिष्ठ नेता तथा पुर्ब जिबिस सभापति शम्भु प्रसाद चौरसिया के धर्मपत्नी राजपति देबी चौरसिया के १३ वाँ पुण्य तिथि के अवसर मे विन्दवासिनी गाँवपालिका वार्ड नं ३ झौवागुठी निज निवास मे श्रद्धाञ्जली सभा पुरा भईल बा ।
स्व. राजपति देबी चौरसिया के निधन २०७८ साल माघ १९ गते बुध के दिने ७४ बरीस के उमिर मे निधन भईल रहे । श्रद्धाञ्जली सभा कार्जक्रम मे जन्ता समाजबादी पार्टी के नेता तथा क्षेत्र नं ३ के प्रदेस सान्सद प्रहलाद गिरी स्व. राजपति देबी चौरसिया के तस्बिर मे माल्यार्पण कईला के साथे उनकर जिवनी के बारेमे चर्चा कईले रहनी ।
उ अवसर मे राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी के पुर्ब केन्द्रीय सदस्य रामबहादुर थापा, राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी पर्सा के अध्यक्ष शुमेश्वरनाथ उपाध्याय, राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी के पुर्ब केन्द्रीय सदस्य अर्जुन सिंह ठकुरी, पुर्ब केन्द्रीय सदस्य श्रीमती शान्ति केशी, जिल्ला सचिव पन्नालाल पटेल, जिल्ला सह सचिव पवन प्रसाद साह, चन्द्रिका सहनी, बिसनाथ साह, उदित सहनी, सम्भु घिमिरे, राजेस गुप्ता, राजेस्वर चौधरी, ममता देबी, राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं १७ के वार्ड सभापति छठु साह कानु लगायत के लोग स्व. चौरसिया के तस्वीर मे माल्यार्पण करके उनका उपर संवेदना व्यक्त कईले रहलन । साथे उ अवसर मे पत्रकार संकर खतिवडा, पवन प्रसाद साह, चन्द्रशेखर पडिंत के दोसाला ओढाके सम्मान भी कईल गईल रहे । स्व. राजपति देबी चौरसिया के मरद तथा राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी पर्सा के बरिष्ठ नेता शम्भु प्रसाद चौरसिया श्रद्धाञ्जली सभा मे उपस्थित सभी महानुभावलोग मे आभार व्यक्त कईले रहनी । कार्जक्रम के सञ्चालन अर्जुन सिंह ठकुरी कईले रहनी ।






