पर्सा मे बियफे से एक हप्ता निषेधाज्ञा

वीरगंज १४ बैशाख
वीरगंज मे कारोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमण आ ओकरा से होखेवाला मृत्यु दर बढत गईला के बाद स्थानीय प्रशासन बियफे से एक हप्ता के खातिर निषेधाज्ञा लगावे के भईल बा ।
मंगर के दिने बईठल जिल्ला कोभिड संकट व्यवस्थापन केन्द्र (डीसीएमसी) बईठक के सिफारिस मे जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा एक हप्ता के खातिर निधेषज्ञा लगावे के निर्णय कईले बा ।
वैशाख १६ गते बियफे के सबेरे ४ बजे से वैशाख २२ गते दुपहरिया १२ बजे तक वीरगंज सहित पर्सा जिल्ला मे निधेषज्ञा लगावे के निर्णय कईल पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी पिताम्बर घिमिरे जानकारी देहनी ।
निषेधाज्ञा के समय मे दवाई बिरो एंव बहुते जरुरी काम के खातिर बाहेक घर से बाहर निकलेके आ घुमफिर करे मिलेवाला नइखे ।
निषेधाज्ञा के समय मे दवाई आ खाद्यवस्तु सम्बन्धि दोकान बाहेक आउर सभी दोकान, व्यवसाय आ बजार बन्द रहेके स्थानीय प्रशासन के निर्णय मे उल्लेख बा । खाद्यवस्तु के दोकान सबेरे १० बजे तक मात्र खोले मिली ।
निषेधाज्ञा मे सवारी साधन के हक मे स्वास्थ्य सेवा, ओकरा से सम्बन्धित कर्मचारी से प्रयोग करेवाला सवारी सधान, एम्बुलेन्स, दमकल, शव वाहन, फुहर मैला व्यवस्थापन, खाद्यान्न आ फलफूल, पेट्रोलयम पदार्थ, पानी, तरकारी, दुधजन्य पदार्थ, पशुपंक्षी के दाना लगायत के ढुवानी के सवारी साधन मत्र सन्चालन मे लियावे मिलेके जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा ।
स्थानीय प्रशसन के अनुमति प्राप्त पास लेहल बाहेक के निजी तथा सार्वजनिक यातायात के सवारी साधन भी सन्चालन करे ना मिलेके स्थानीय प्रशासन जनवले बा ।
बईठक से भारत से वीरगंज नाका होत आईल के राखे खातिर वीरगंज के ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस मे नेपाली सेना के नेतृत्व आ व्यवस्थापन मे होल्डिङ सेन्टर निर्माण करेके निर्णय भी कईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के कोभिड फोकल पर्सन विनय श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।
भारत तथा आउर देश से आपन पालिका मे आईल के सम्बन्धित पालिका सामुदायिक आइशोलेसन सेन्टर मे भा होम आइशोलेसन मे कम्ति मे १० दिन राखेके निर्णय भी डिसीएमसी के बईठक से कईले बा ।
एहितरे कोरोना संक्रमित के ईलाज के खातिर वीरगंज मे कम्ति मे २ सय बेड क्षमता के कोभिड स्थायी अस्पताल निर्माण आ सञ्चालन के खातिर प्रदेश २ सरकार के निहोरा करेके निर्णय भी भईल श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।





