६ दिने भिड नियन्त्रण तालिम समुदघाटन

प्रभु यादव
बारा ८ फागुन
बारा जिल्ला प्रहरी कार्यालय ६ दिने भिड नियन्त्रण तालिम के समुदघाटन कईले बा ।
बारा के प्रहरी हवल्दार आ प्रहरी जवान के लक्षित विशेष घुम्ति प्रशिक्षण तालिम अन्तरगत फागुन ८ गते से १३ गते तक ६ दिने भिड नियन्त्रण तालिम जिल्ला प्रहरी कार्यालय कलैया मे संचालन होई प्रहरी प्रवक्ता राजेश थापा जनकारी करावले बानी । भिड नियन्त्रण विशेष अनुशिक्षण तालिम प्र.ना.उ.राजेश थापा के प्रमुख आतिथ्य मे प्रहरी हवल्दार ७ जने आ प्रहरी जवान २८ कर के ३५ जने के प्रशिक्षार्थी बनाके विहनीया के ०८ः०० बजेसुरू भईल बा ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी थापा तालिम के समुदघाटन कईला वाद तालिम संचालन भईल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।






