यातायात क्षेत्र मे देखल गईल समस्या समाधान के खातिर प्रदेश सरकार प्रतिवद्ध : मुख्यमन्त्री यादव

यातायात क्षेत्र मे देखल गईल समस्या समाधान के खातिर प्रदेश सरकार प्रतिवद्ध : मुख्यमन्त्री यादव

बारा १४ बैशाख

मधेश प्रदेश के मुख्यमन्त्री सरोजकुमार यादव यातायात क्षेत्र मे देखल गईल समस्या समाधान के खातिर प्रदेश सरकार प्रतिवद्ध रहल बतवले बानी ।
शुक के दिने बारा के सिमरा मे तराई यातायात व्यवसायी सङ्घ के १७ वाँ वार्षिक साधारणसभा मे मुख्यमन्त्री यादव कार्यालय मे व्यवसायिक लगायत आम नागरिक से भोगेवाला समस्या, ढुवानी के समय मे होखेवाला कठिनाइ समाधान के खातिर सरकार से पहल करेके भी बतवनी ।
“यातायात व्यवसायी सवारीसाधन नवीकरण, सवारी चेकजाँच, कर दाखिला के क्रम मे भोगेके परल समस्या समाधान के खातिर हमर ध्यानाकर्षण भईल बा । समस्या समाधान के खातिर कानुनी आ आउर व्यवहारिक समस्या पहिचान करके समन्वयात्मक तरिका से अगाडि बढेम”, मुख्यमन्त्री यादव कहनी ।
एहितरे, यातायात व्यवसायिक के सहजता के खातिर बारा के पथलैया मे सभी काम होखेवाला किसिम से कार्यालय के विस्तार के खातिर भी पहल करेके मुख्यमन्त्री यादव प्रतिवद्धता व्यक्त कईनी । उ प्रदेश सरकार से महोतरी के मठियानी मे भईल आगलागी पीडित के घर बनावेके उद्घोष भी कईनी ।
कार्जक्रम मे प्रतिनिधिसभा सदस्य एवम् पूर्वमन्त्री कृष्णकुमार श्रेष्ठ यातायात व्यवसायी से भोगेके परल कानुनी आ आउर समस्या समाधान के खातिर खुद भी आवाज उठावेके प्रतिवद्धता व्यक्त कईनी ।
कार्जक्रम मे सङ्घीय सांसद अच्युत मैनाली, मधेश प्रदेश के श्रम तथा यातायात मन्त्री बेची लुङ्गेली, नेपाल यातायात व्यवसायी राष्ट्रिय महासंघ के वरिष्ठ उपाध्यक्ष सरोज सिटौला, नेपाल ट्रक यातायात व्यवसायी राष्ट्रिय महासंघ के अध्यक्ष हिरालाल श्रेष्ठ, महासचिव रोजेन्द्रविक्रम बानियाँ लगायत शुभकामना मन्तव्य रखले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।