पर्सा के सुखवा प्रसौनी मे पोषिलो आहार वितरण सुरु

वीरगंज ०८ फागुन
पर्सा जिल्ला के सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका गर्भवती जनानीलोग के पोषिलो आहार वितरण काम सुरु कईले बा ।
गाँवपालिका के वार्ड नं. १ आ २ के गर्भवती जनानीलोग के एतवार के दिने गाँवपालिका पोषिलो आहार वितरण कईले बा । वार्ड नं. १ स्थित मधुवन मथौल स्वास्थ्य चौकी मे भईल कार्जक्रम मे गर्भवती जनानीलोग के गाँवपालिका अध्यक्ष प्रदिप जयसवाल पोषिलो आहार वितरण कईले बानी ।
गर्भवती जनानीलोग के पोषिलो आहार वितरण करत गाँवपालिका अध्यक्ष प्रदिप जयसवाल मातारी के गर्भ सुरक्षित भईला पर एगो युग सुरक्षित होखेके बतावत गर्भाअवस्था के समय मे जनानीलोग से विशेष ध्यान देवेके सुझाव देहले रहनी ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी भी रहल अध्यक्ष जयसवाल गर्भा अवस्था मे जनानीलोग के बहुते जरुरी परेवाला पोषिलो आहार वितरण कईल बतवनी । उ गर्भावती जनानीलोग के खातिर निःशुल्क रुप मे भिडियो एक्सरे लगायत के सुविधा भी गाँवपालिका से निःशुल्क रुप मे उपलब्ध करावल बतवनी ।
गाँवपालिका आजु एगो कार्जक्रम के बीच वार्ड नं. १ के एक सय आ वार्ड नं. २ के एक सय १० जने गर्भवती जनानीलोग के पोषिलो आहार वितरण कईल सूचना अधिकारी भुजेन्द्र चौधरी जानकारी देहनी । आजु वार्ड नं. १ आ २ मे सुरु भईला के साथे पालिका के सभी वार्ड मे पोषिलो आहार वितरण कईल जाएके बतवनी ।






