भन्सार ना तिर के लियावल किराना समान पुलीस से पकडला पर कलैया बजार बन्द

प्रभु यादव
बारा ०८ फागुन
बारा के कलैया मे भन्सार ना तिरके लियावल किराना समान पुलीस से पकडला पर व्यापारी लोग कलैया बजार बन्द कर के विरोध सहित नारा जुलुस कईले रहलन ।
भन्सार छली नाका पार करवाके प्रहरी पईसा लेके कलैया मे लिअईला के वाद किराना दुकान्दार उ समान बलेकीया से किन के रखला पर पुलिस पकडल कहत दुधरा नीति बन्द करे के कहत व्यापारी सब आपन आपन दुकान बन्द कर के विरोध कईले रहनी ।
बारा प्रहरी प्रवक्ता राजेश थापा से जनकारी लेहला पर कलैया से जैतापुर ओर ट्रेक्टर पर किराना समान लेजारहल अवस्था मे संका लगला पर नगर अनुगमन मे रहल पुलीस टोली चेकजाँच करे के क्रम मे विल ना भईल किराना समान पकड के अनुसन्धान कईला वाद केशरी किराना दुकान मे छापा मारल गईल जनकारी करावले बानी ।
केशरी किराना दुकान के कलैया वार्ड नम्वर ४ मे रहल गोदाम मे छापा मरला के बाद समान लियावे ना देवेला व्यापारी से होहला कईला पर प्रहरी के निगरानी मे गोदाम राखल गईल प्रवक्ता थापा जनकारी करावले बानी । छापा मारेवाला जगह मे बारा उधोग बाणिज्य संघ के प्रतिनिधि उपस्थित रहल रहलन । किराना समान के विवरण पूरा ना भईल से देवे ना सकल गईल आवते जनकारी करावल जाएके प्रवक्ता थापा जनकारी करावले बानी ।






