एमसीसी के बिरोध मे वीरगंज मे प्रदर्शन, १ घण्टा चक्काजाम

वीरगंज १२ फागुन

संसद मे पेश भईल अमेरिकी सहयोग परियोजना एमसीसी सम्झौता के बिरोध मे आजु वीरगंज मे बिरोध प्रदर्शन कईल बा ।

नेकपा माओवादी केन्द्र के भातृसंगठनसब अखिल क्रान्तिकारी आ वाईसिएल से संसद मे पेश भईल अमेरिकी सहजोग एमसीसी सम्झौता के बिरोध मे आजु वीरगंज मे प्रदर्शन कईल बा । वीरगंज के घण्टाघर मे नाराबाजी करत दिन के २ बजे से ३ बजे तक १ घण्टा चक्काजाम भी कईल अखिल क्रन्तिकारी मधेश प्रदेश सचिव जुबेर आलम बतवनी ।

बिरोध प्रदर्शन तथा चक्काजाम कार्जक्रम मे अखिल क्रान्तिकारी पर्सा जिल्ला अध्यक्ष कविराज पटेल, वाईसिएल केन्द्रीय कमिटी सदस्य तथा पर्सा जिल्ला ईन्चार्ज ओमप्रकाश गुप्ता, वाईसिएल मधेश प्रदेश सदस्य राकेश साह कानु, चन्दन रौनियार लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

संसद बईठक अभी के खातिर स्थगित कईला से फेनु संसद बईठक बईठेवाला दिन आउर बिरोध के कार्जक्रमसब आयोजना करेके अखिल क्रन्तिकारी मधेश प्रदेश सचिव आलम बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।