२ दिने लैङ्गिक उतरदायी बजेट सम्बन्धि अभिमुखिकरण

वीरगंज १२ फागुन
स्थानीय तह के जनप्रतिनिधि तथा कर्मचारीलोग के खातिर लैङ्गिक उतरदायी बजेट सम्बन्धि दु दिने अभिमुखीकरण तालिम आजु से ठोरी गाँवपालिका के कार्यालय मे शुरु भईल बा ।
मधेस प्रदेश सरकार प्रदेश अनुसन्धान तथा प्रशिक्षण केन्द्र प्रदेश तथा स्थानीय शासन सहजोग कार्जक्रम (एीन्क्ए) जनकपुरधाम नेपाल के आयोजना मे तालिम सुरु भईल बा । ठोरी गाँवपालिका प्रमुख पदमलाल श्रेष्ठ के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे उपाध्यक्ष शान्ति माया थिङ्ग, वार्ड नम्बर ४ के वार्ड अध्यक्ष कृष्ण बहादुर श्रेष्ठ, वार्ड अध्यक्ष बद्री बहादुर तामाङ लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
तालिम मे लैङ्गिक उतरदायी बजेट नमुना निर्देशीका, अभिमुखिकरण, स्थानीय सरकार संचालन ऐन आ नितिगत ब्यवस्था, विधि प्रक्रिया लगायत रहल बा । तालिम के प्रशिक्षण सामाजिक संस्था जिल्ला समन्वय समिति के महासचिव रामप्रवेश साह आ सकुन्तला दकाल देरहल बानी । कार्जक्रम के स्वागत मनतब्य ठोरी गापा के सामाजिक विकास शाखा के प्रमुख धर्मराज थापा कईले रहनी ।





