पशु सेवा विज्ञ केन्द्र पर्सा बदमासी कईल आरोप, कृषि अनुदान मे भ्रष्टाचार भईल किसान के सिकाईत

वीरगंज ०२ सावन

भेटेनरी अस्पताल तथा पशु सेवा विज्ञ केन्द्र पर्सा २०७६ अगहन ८ गते स्थानीय पत्रिका मे एगो सूचना निकललख ।

सूचना मे बारा आ पर्सा के १८ से ५० बरीस उमिर समूह के अर्धबेरोजगार÷बेरोजगार युवालोग से व्यवसायिक गाई, भईंस आ बकरी पालन के खातिर दरखास्त आह्वान कईल रहे ।

आठ गो शीर्षक मे प्रस्तावक के ३० प्रतिशत साझेदारी मे २ लाख से ४ लाख तक अनुदान देवेके सूचना मे उल्लेख रहे ।

अनुदान के आश मे पर्सा के पर्सागढी नगरपालिका–३ के आशिका तामाङ भी सूचना मे माग भईल मुताविक के कागजपत्र संलग्न करके आवेदन देहनी ।

२०७७ असाढ २९ गते छनौट मे पडल किसान के नाम सार्वजनिक कईला पर उनकर नाम ना आईल ।

बलाङ्ग गाई भईंस फर्म दर्ता करके उ गाई–भईंस, बाच्छा–बाच्छी, पाडा–पाडी २२ गो पोसत आईल बाडि । गाँव मे पशुपालन हि ना कईल के अनुदान मिलल माकिर खुद के अनुदान ना मिलल सिकाईत कइनी ।

अनुदान मिलेवाला किसान छनौट मे केन्द्र मनोमानी कईल कहत पर्सा के किसानलोग जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे उजुरी भी देहले बाडि ।

बडका गाई फर्म के अनुदान के खातिर आवेदन देहल पर्सागढी–३ औरही के भुमा अधिकारी छानबिन माग करत उजुरी देहले बानी ।

उनका से देहल उजुरी मे २÷४ गो पशु पोसल, व्यवसायिक पशुपालन ना कईल किसान अनुदान के खातिर छनौट मे पडल उल्लेख बा ।

अनुदान वितरण मे काखापाखा करेवाला कर्मचारी के कारबाही करे खातिर उजुरी मे माग कईल बा ।

पर्सागढी मे फर्म मे पशु ना भईल के नाम अनुदान मिलेके सूची मे रहल बतावत उ ओकर सत्य तथ्य छानबिन करके दोषी उपर कारबाही करेके माग करत प्रशासन मे उजुरी देहल बतवनी ।

नक्कली कागजपत्र तइयार करके अनुदान लेवेके खोजल फर्म के अनुदान छिन के वास्तविक किसान के देवेके माग कईले बानी ।

मझौला भैंसी फर्म ओरी ३–३ लाख रोपेया अनुदान मिलेवाला मे पर्सागढी के दु गो फर्म आ ओकर सन्चालक के नाम उल्लेख बा ।

सन्तोष राज घिमिरे पर्सागढी–१ मे सञ्चालन कईल श्रेया एकीकृत कृषि फर्म आ प्रमोद यादव पर्सागढी–७ मे सञ्चालन कईल रमिता पशुपंक्षी कृषि व्यवसायिक फर्म के नाम सूची मे बा ।

श्रेया एकीकृत कृषि फर्म के सञ्चालक घिमिरे कागजपत्र मात्र मिलाके अनुदान मिलल दावी पर्सागढी के किसानलोग कईले बाडन ।

एहितरे अनुदान वितरण कार्जक्रमविरुद्ध उजुरी पडला के बाद जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा भेटरेनरी अस्पताल तथा पशु सेवा अस्पताल से विवरण पेश करेके कहले बा ।

प्रशासकीय अधिकृत विनय कुमार श्रीवास्तवद्वारा हस्ताक्षरित पत्र मे उजुरीकर्ता से निवेदन मे उठावल विषयसब के सन्दर्भ मे यथार्थता काथि बा ? वास्तविकता खुलाके विवरण माग कईल बा ।

सेवा केन्द्र के कार्यालय प्रमुख एवम् बरिष्ठ पशु चिकित्सक डा. रामपरीक्षण साह उजुरी के सन्दर्भ मे प्रशासन से पत्र आईल आ ओकर जवाफ खुद कुछ दिन मे देवेके बतवले बानी ।
प्रदेश नं २ के पर्सा आ बारा जिल्ला सेवा केन्द्र अन्तर्गत पडेला ।

कार्जक्रम अन्तर्गत बडका गाई फार्म आ सहकारी बाख्रा फर्म अनुदान ओरी फर्म हि छनौट मे पडल नइखे ।

मझैला गाईफर्म ४, साना गाईफर्म १६, बडका भईंस फार्म, मर्झाला भईंस फर्म १२ गो, छोटा भईंस फर्म ६ गो, समूह बाख्रा फार्म २ गो, निजी बाख्रा फर्म १० गो छनौट मे पडल बा ।

साना, मझौला आ साना फार्म क्रमशः २, ३ आ ४ लाख अनुदान मिली ।

अनुदान के १ से ५ प्रतिशत जरुरत मुताविक प्रस्ताव छनौट, फिल्ड भेरिफिकेसन आ अनुदान खर्च वापत कन्टिनजेन्सी कट्टा कईल जाई ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।