पकहामैनपुर गा.पा. वार्ड न. ३ मे निःशुलक आँखा शिविर

वीरगंज १३ फागुन

पर्सा जिल्ला के पकहामैनपुर गाँवपालिका वार्ड नम्बर ३ मे आँखा शिविर पुरा भईल बा ।

माट्रिका आइ फोउन्डेसन के आयोजना आ नेकपा एकीकृत समाजबादी पार्टी के सहकार्य मे पकहामैनपुर के टोल पकहा मे उ शिविर पुरा भईल बा ।

नेकपा एकीकृत समाजबादी के पकहामैनपुर गाँवपालिका अध्यक्ष मदन हजरा पासवान के अध्यक्षता मे पुरा भईल शिबिर मे डा.आदित्य तिवारी आ रामायण साह मोतिया बिन्दु के चेकजाँच करके निःशुल्क चश्मा आ दवाई भी बाँटल गईल रहे ।

शिविर मे ३५० जने के चेकजाँच भईल डा. आदित्य तिवारी बतवले बानी । शिविर मे पार्टी के स्थानीय कार्यकर्ता खुबलाल राम, नेशा खातुन लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।