नेपाली कांग्रेस ठोरी के सभापति मे संतोष सहित पुरे प्यानल बिजयी

वीरगंज १४ फागुन

नेपाली कांग्रेस ठोरी गाँवपालिका के सभापति मे मिन बहादुर श्रेष्ठ (संतोष) विजयी भईल बाडन । कांग्रेस के १४ वाँ मधिवेशन अन्तर्गत आजु ठोरी मे भईल निर्वाचन मे संतोष ४६ मत लियाके विजयी भईल बाडन ।

सभापति मे संतोषसहित उनकर पुरे प्यानल विजयी भईल बा । सभापति के दोसर उम्मेदवार रामकृष्ण पन्त ३१ मत लिआईल रहलन ।

गाँवपालिका समिति के उपसभापति मे केदार बहादुर देउजा, हस्त बहादुर डुम्जन, सचिव मे धिर सिंह, भक्त बहादुर श्रेष्ठ, सह सचिव मे राज कुमार श्रेष्ठ, सालिक राम आचार्य विजयी भईल मतदान अधिकृत रामबालक प्रसाद यादव जानकारी देहनी ।

ठोरी ४ निर्मलबस्ती मे भईल मतदान मे ८० जने मतदाता मेसे ७९ मत गिरल रहे ।

जम्मा गिरल ७९ मत मेसे १ भोट खाली आ १ भोट बदर भईल निर्वाचन अधिकृत राम बालक यादव जानकारी देहनी । एकरा से पहिले सन्तोष श्रेष्ठ प्यानल के १३ जने निर्बिरोध निर्वाचित भईल रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।