कोरोना से वीरगंज मे मृत्यु भईल दु पुरुष के लास रौतहट मे व्यवस्थापन

रौतहट १५ भादो
ईलाज के समय मे वीरगंज मे मृत्यु भईल रौतहट के दु जने कोरोना संक्रमित के नेपाली सेना लास व्यवस्थापन कईले बा ।
युमुनामाइ गाँवपालिका ३ राजपुर के ४० बरीस के पुरुष के लास तथा मौलापुर ३ के ३० बरीस के पुरुष के लास व्यवस्थापन कईल बा ।
यमुनामाइ के ४० बरीस के पुरुष मधुमेह, बोखार आ पेटझरी भईला के बाद अस्पताल पुगल रहे ।
उनकर एतवार के सबेरे मृत्यु भईल बा । नेपाली सेना के लास व्यवस्थापन टोली पुलीस आ मृतक के आफन्त के रहोवर के राजपुर लगे के खाली जमिन मे लास व्यवथापन कईले बा ।
एहितरे शनिचर के सँझिया वीरगंज हेल्थ केयर अस्थायी कोभिड अस्पताल मे मृत्यु भईल मौलापुर नपा ३ गम्हरीयाटोल के ३० बरीस के पुरुष के लास नेपाली सेना व्यवस्थापन कईले बा ।
उ भादो ७ गते ईलाज के खातिर वीरगंज गईल रहलन । भादो १३ गते शनिचर के उनकर मृत्यु भईल रहे । उनकर लास गम्हरीयाटोल लगे खाली जमिन मे व्यवस्थापन कईल बा ।
अन्तिम सम्मान सहित तालिम प्राप्त टोली कोरानो भाइरस संक्रमण से मृत्यु भईल दुनु के लास व्यवस्थापन कईल इन्द्रबक्स गण गौर जानकारी देहले बा । कोरोना संक्रमण से एतवार तक रौतहट के ५ जने के मृत्यु भइल बा ।
१४ सय १० जने कोरोना जीतल बाडन । एकसय ८५ जने संक्रमित आइसोलेसन मे बाडन । ५ सय ६६ जने के पीसीआर रिर्पोट आवेके बाँकी बा ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय रौतहट असाढ २४ गते से जारी कईल निषेधाज्ञा भादो २१ तक थपले बा ।





