सम्पादक महतो के मातृ शोक

प्रभु यादव
बारा १६ फागुन
संस्कार मिडिया प्रा.लि. कलैया संचार गृह के समाचार सम्पादक राजेश महतो कुशवाहा के मातृ शोक परल बा ।
संस्कार एफएम, संस्कार दैनिक के सम्पादक राजेश महतो के माई यशोदा देवी के ८८ वरीस के उमिर मे सोमार के दिन निधन भईल बा । महतो के माई कालगती से मृत्यु भईल परिवार जन जनकारी करावले बानी ।
सम्पादक महतो के ममतामयी माई के प्रलोक गईला से नेपाल प्रेस युनियन बारा सहित पत्रकार लोग प्रलोक मे बाँस होखो कामना करत समाजिक संजाल मे समवेदना व्यक्त करत दुखित परिवार के धैर्यधारण करे के कामना कईले बाडन ।






