अदुअआ काठमाण्डु के टोली से छापामारल सम्बन्ध मे जसपा रौतहट के ध्यानाकर्षण

मेवालाल कुमार यादव

रौतहट १६ फागुन

रौतहट के देवाही गोनाही नगरपालिका के मेयर के अख्तियार दुरुपयोग अनुसंधान आयोग रंगेहाथ रकम सहित पकडले रहे ।

जनता समाजवादी पार्टी नेपाल रौतहट के नेता तथा देवाही गोनाही नगरपालिका के प्रमुख धर्मेन्द्र पटेल के बितल फागुण १५ गते सँझिया नगरपालिका मे आपन कार्य कक्ष मे बईठल समय अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग काठमाण्डु के टोली से कईल छापामारी के सम्बन्ध मे हमनी के ध्यानाकर्षण भईल बा ।

नगर प्रमुख पटेल के सुनयोजित तरिका से विपक्षी चेक तथा नगद रोपेया सहित षडयन्त्र पूर्ण तरिका से फँसावल गईला मे घटना के सत्य तथ्य तथा निष्पक्ष रुप मे छानविन करेके मांग करत षडयन्त्रकारी आदमी के भी कानूनी दायरा मे लियावे खातिर जोडदार रुप मे सम्बन्धीत निकाय समक्ष प्रेस विज्ञप्ती मार्फत मांग कईल गईल बा ।

निष्पक्ष रुप मे छानविन ना कईला पर आन्दोलन करेमे बाध्य होखेके प्रेस विज्ञप्ती मार्फत सम्बन्धित सभी के जानकारी करावल जिल्ला सचिव अरविन्द कुमार यादव के हस्ताक्षर कईल प्रेस विज्ञप्ति मे उल्लेख बा ।

एहितरे रौतहट के देवाही गोनाही नगरपालिका मे अख्तियार अनुसन्धान कार्यालय काठमाण्डु टोली छापा मार के मेयर सहित ४ जने के पकडले बा ।

अख्तियार से छापा मारला पर गोप्य रूप मे होखेके पडेला उहे समय पत्रकार के उपस्थिति भईल आ पईसा एवं चेक देवेवाला आदमी उहे समय मे पुगल सिधे षड्यन्त्र देखल गईल बा । अख्तियार भी कुछ राजनीतिक दल के इशारा मे चलल पुष्टि भईल बौधिमाई नगरपालिका के नगर प्रमुख राजीव रंजन यादव घोर भत्सर्ना कईले बानी ।

एगो राजनीतिकर्मी आ मेयर जईसन आदमी उपर राजनीतिक प्रतिशोध के अधिन मे लागके फँसावेके काम निन्दनीय ह । ई घटना के सुक्ष्म तरिका से सत्य तथ्य छानबिन करके षड्यन्त्र रचेवाला कउनो भी आदमी भईला पर ओकरा के कानुन के दायरा मे लियावे के जोडदार माग मेयर यादव कईले बानी । असत्य उपर सत्य के विजयी अनिवार्य होखी सभी रौतहटबासी उ षड्यन्त्रकारी के चेहरा बढिया से चिन्हल जाई आ राजनीतिक चरित्र हत्या करेवाला के समाज उजागर करी कहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।