शिवरात्रि के अवसर मे शिव मन्दिर मे लागेवाला मेला मे भिड सुरू

प्रभु यादव
बारा १६ फागुन
बारा जिल्ला मे शिवरात्रि के अवसर मे शिव मन्दिर मे लागेवाला मेला मे भिड सुरू भईल बा । सोह्र कोसे झाडी काटघाट के सहजनाथ महादेव के मन्दिर के चारू ओर से भिड सुरू भईल बा ।
सहजनाथ महादेव मन्दिर मे हजारी कफला काँवरीया संघ के बोल बम काँवरीया करीब एक हजार से अधिक पुगल बानी । सोमवार के दिन तेरस परला से शिव भगवान के जल चढाके पुजा करे के खातिर गाँव गाँव से भक्त सब पुगल कलैया २ के ब्रहम्देव राउत जनकारी करावले बानी ।
शिवरात्रि आ तेरस दु दिन भईला से एक दिन अगाडि से पुजा पाठ करेवाला लोग पुगला से मेला मे भिड बढल राउत जनकारी करावले बानी । सहजनाथ महादेव मन्दिर जंगल मे भईला से हर महिना के दु दिन तेरस के दिन पुजा पाठ करेवाला शिव भक्त के भिड लागेला फागुन महिना के कृष्ण पक्ष के शिवरात्री के महत्व अधिक भईला से अधिक भिड होखेला कलैया उपमहानगरपालिका २४ सखुई के जोखु यादव जनकारी करावले बानी ।
हरेक महिना मे पुजा पाठ करेआवेवाला भक्त सब के भोजन करेला बोलबंम कावरीया संघ सेवा शिविर, हजारी कफला बोलबम कवरीया संघ आ बोलबम सेवा शिविर निशुल्क सञ्चालन करेला जवन शिविर शिवरात्रि के मधानी मेला मे तीन दिन तक सञ्चालन कर के सेवा करेला जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १७ जैतापुर के केवल चौधरी जनकारी करावले बानी । कलैया के सिद्धेश्वरनाथ मन्दिर, मझरिया के शिव मन्दिर सिम्रौनगढ शिव मन्दिर मे शिवरात्री के अवसर मे विशेष मेला लागेला ।






