मेयर सरावगी ८०० ग्याँस सिलिण्डर विपन्न परिवार के बँटनी

वीरगंज १८ फागुन
वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी खुद पूर्व घोषणा कईल मुताविक महानगरपालिका के विपन्न नगरवासीलोग के ग्याँस चुल्हा आ भरल सिलिण्डर वितरण शुरु कईले बानी ।
महानगर प्रमुख सरावगी से घोषणा कईल मुताविक महानगर भर के ३२ गो वार्ड के विपन्न गरिब परिवार के करिब ८०० पिस भरल सिलिन्डर ग्याँस आ चुल्हा सेट माहानगरपालिका से वितरण सुरु कईले बानी ।
पहिलका चरण मे आजु वार्ड नम्बर ११ के गरिब विपन्न परिवार के वार्ड कार्यालय से आईल सिफारिस मुताविक २५ जने के भरल बडका ग्याँस सिलिन्डर आ चुल्हा सेट बाँटल गईल बा ।
३२ गो वार्ड मे निरन्तर ग्याँस चुल्हा आ सिलिण्डर बाँटेके मेयर सरावगी बतवनी ।






