डिएसपी चिमोरिया के कारवाही के माग करत पत्रकारलोग कईलें प्रदर्शन

मेवालाल यादव
रौतहट १० भादो
लागु औषध नाईट्रोभेट ट्याब्लेट राख के पत्रकार के फँसावे के घटना मे दोषी देखल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के प्रहरी नायव उपरीक्षक नारायण प्रसाद चिमोरिया के कारवाही के माग करत पत्रकारलोग बियफे के दिने सदरमुकाम गौर मे प्रदर्शन कईले बाडन ।
पत्रकार मोहमद मोजिबुल्लाह के मोटरसाइकल मे नेपाल पुलीस के अपराध अनुसन्धान मे खटल विशेष पुलीस के रोहवर मे लागु औषध राखवावल सिसि टिभी फुटेज से प्रमाणित भईला के बाद तत्कालिन निमित कार्यालय प्रमुख के जिम्मेवारी मे बईठल चिमोरिया के संलग्नता रहला से निलम्बन करके कानुनी कारवाही करेके खातिर दवाव सृजना करेके उदेश्य से पत्रकारलोग सडक मे प्रदर्शन कईले बा ।
छुटी मे घर गईल पुलीस उपरीक्षक शिद्धि विक्रम शाह के सार्वजनिक भईल अडियो संवाद के अधार मे जिम्मेवारी छिनाईल भईला पर भी प्रत्यक्ष रुप मे संलग्न रहल प्रहरी नायव उपरीक्षक चिमोरिया के भी निलम्बन करके लागु औषध ओसार पोसार के अभियोग मे मुद्दा चलावेके माग करत पत्रकारलोग प्रहरी प्रसाशन के विरुद्ध नारावाजी करत प्रदर्शन कईले बा ।
पत्रकार फँसावे ना मिली, पत्रकार एकता जिन्दावाद, दोषी उपर कारवाही कर, डि एस पी चोमोरिया के निलम्बन कर जईसन नारा लगावत मधेशी क्रान्ति चौक से निकलल जुलुस जिल्ला प्रसाशन कार्यालय मे पुग के कोण सभा मे परिणत भईल रहे ।
सभा मे सम्वोधन करत नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश समिति के सदस्य शैलेन्द्र झा आम नागरिक के सुरक्षा के अभिभारा लेहल पुलीस द्वारा निर्दोस पत्रकार के फँसावेके कईल घृणित काम मे संलग्न भईल के कानुनी कारवाही करेके माग कईले बाडन ।






