अबैध लागु औषध गांजा सहित दु भारतीय पकडईलें

वीरगंज २१ फागुन

पर्सा जिल्ल के ठोरी से लागु औषध गांजा सहित दु जने भारतीय नागरिक के सशस्त्र पुलीस पकडले बा । लागु औषध गांजा नेपाल से भारत ओरी लेजारहल अवस्था मे खटल सशस्त्र पुलीस के टोली दु जने भारतीय नागरिक सहित मोटरसाइकल नियन्त्रण मे लेहले बा ।

शनिचर के रात करिब साढे ८ बजे के समय मे बोर्डर आउट पोष्ट ठोरी के सशस्त्र प्रहरी नायब निरीक्षक खिलेन्द्र बहादुर बस्नेत के कमाण्ड मे खटल टोली भारत ओरी लेजारहल अवस्था मे लागु औषध सहित दु भारतीय नागरिक के नियन्त्रण मे लेहल सशस्त्र पुलीस जनवले बा ।

भारतीय नम्बर बि.आर.०६ यु ५८७३ नम्बर के मोटरसाइकल मे लागु औषध गांजा लेके भारत ओरी जा रहल बिशेष सूचना के अधार मे पकडल सशस्त्र पुलीस जनवले बा । भारत जिल्ला पश्चिम चम्पारण सोनखर पंचायत वार्ड नम्बर १३ रामनगर रहिेवालला २९ बरीस के संदिप पटेल आ उहे जगहा के २५ बरीस के प्रेम पटेल के लागु औषध गाजा सहित पकडले बा । पकडाईल लागु औषध ५ किलोग्राम गाजा सहित भारतीय नम्बर के मोटरसाइकल आ आदमीसब के जरुरी कारवाही के खातिर इलाका प्रहरी कार्यालय ठोरी मे बुझावल गईल पुलीस जनवले बा ।

एहितरे आजु सँझिया करिब ७ बजे के समय मे बारा के पचरौता नगरपालिका वार्ड नम्बर ४ इनर्वा से लागु औषध गाजा बरामद कईले बा । नेपाल से भारत ओरी लेजारहल अवस्था मे सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल २ नम्बर बाहिनी से खटल स्कवाड टोली लागु औषध गाजा १० किलोग्राम बरामद कईल सशस्त्र पुलीस जनवले बा । पुलीस के देखते मातर तस्कर भागला के बाद लागु औषध गाजा बरामद कईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।