तेली कल्याण समाज पर्सा के अधिवेशन से अध्यक्ष मे फेनु साह निर्वाचित

वीरगंज २१ फागुन
तेली कल्याण समाज नेपाल पर्सा के ५ वाँ जिल्ला अधिवेशन आजु पुरा भईल बा । वीरगंज के आदर्शनगरस्थित नगर सभा गृह मे भईल अधिवेशन से समाज के जिल्ला अध्यक्ष मे फेनु ध्रुव साह निर्विरोध निर्वाचित भईल बानी ।
अधिवेशन के बन्द सत्र से अध्यक्ष मे निर्विरोध निर्वाचित साह के बाकी जिल्ला कार्य समिति चयन करेके भी अधिकार देहले बा । अधिवेशन से दिनानाथ साह के संयोजकत्व मे ५ सदस्यीय समाज के विधान पुनः लेखन समिति गठन कईले बा । जउन समिति के सदस्य मे अधिवक्ता प्रमोद साह, मेवालाल साह, रामेश्वर साह आ लक्ष्मण साह रहल बाडन ।
अधिवेशन के मधेश प्रदेश सरकार के अर्थमन्त्री शैलेन्द्र साह उदघाटन करत समाज मे समाजिक परिवर्तन जरुरी रहल बतवनी । उ समाज मे रहल कुरुति हटावत समाजिक परिवर्तन जरुरी रहल बतवनी ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी भी रहल मन्त्री साह राज्य के हरेक निकाय मे होखेवाला प्रतिनिधित्व अभी ना रहल वतावत समानजनक प्रतिनिधित्व जरुरी रहल बतवनी । अधिवेशन के उदघाटन सत्र मे घरेलु तथा साना उद्योग कार्यालय वीरगंज के प्रमुख रिमा साह के सम्मान भी कईल गईल रहे ।
अधिवेशन उदघाटन सत्र मे मधेश प्रदेश सरकार के आन्तरिक मामिला तथा संचार मन्त्री भरत प्रसाद साह, प्रतिनिधि सभा सदस्य प्रमोद साह, तेली कल्याण समाज नेपाल के केन्द्रिय उपाध्यक्ष विश्वनाथ साह, प्रदेश सभा सदस्य राजेश्वर साह, पारस साह, पूर्व मन्त्री अरविन्द साह, तेली कल्याण समाज नेपाल के केन्द्रिय महासचिव राजदेव साह, केन्द्रिय सचिव सत्यनारायण साह, बहुदरमाई नगरपालिका के मेयर नितेन्द्र साह, नेकपा एमाले के नेता बलिराम साह, वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष सुबोध गुप्ता लगायत के लोग शुभकाना मन्तव्य रखले रहनी । कार्जक्रम के संचालन बिरेन्द्र साह कईले रहनी ।






