वीरगंज महानगर मे सेवा लेवे खातिर मास्क अनिवार्य

वीरगंज १६ कुवार

वीरगंज महानगरपालिका, मातहत के वार्ड कार्यालय आ स्वास्थ्य संस्था से सेवा लेवे खातिर अनिवार्य मास्क पहिनेके जनावल गईल बा । पूर्ण मास्क प्रयोग के सुनिश्चितता शुभारम्भ कार्जक्रम मे नगर प्रमुख विजय सरावगी ओईसन घोषणा कईले बाडन ।

नजिकात गईल दशहरा, दिपावली आ छठ पर्व मे सर्वसाधारण के चलहपहल बढला पर कोरोना संक्रमण फईले सकेके जोखिम के ध्यान मे राख के मास्क प्रयोग अनिवार्य कईल नगर प्रमुख सरावगी बतवनी ।

‘चाडपर्व मे हजारो आदमीसब भारत लगायत आउर देश से नेपाल आवेलन । ओकरा चलते कोरोना संक्रमण के दोसर लहर आवे सकेके चुनौती बा’ नगर प्रमुख सरावगी कहनी, ‘सीमा नाका मे एन्टिजेन टेष्ट लगायत स्वास्थ्य मापदण्ड के पालना करावे मे त लागल बानी । माकिर एकरा के रोके खातिर प्रभावकारी उपाय कहल मास्क पहिनेके हि ह ।’

कोरोना संक्रमण घटत गईला के बाद वीरगंज मे पिछिलका समय लापरबाही बढत गईल बा । मास्क के प्रयोग, सामाजिक दुरी कायम करेके, साबुन पानी से हाथ धोवेके भा स्यानीटाईजर लगावल नगरबासी से छोडले बाडन । नगरबासी मात्र ना, महानगर के अधिकांश कर्मचारी भी मास्क ना पहिनेलन ।

अभियान अन्र्तगत वीरगंज के १२ जगहा मे ‘मास्क बिना प्रवेश निषेध, ‘मास्क बिना बातचीत निषेध आ ‘मास्क बिना सेवा निषेध’ लिखल स्टिकर, पोष्टर लगावेके महानगर के स्वास्थ्य तथा सामाजिक विकास शाखा प्रमुख अरुण महतो जानकारी देहनी ।

मास्क पहिने खातिर सचेतना जगावेके उद्देश्य से महानगरपालिका से निकालल सचेतनामुलक जुलुस घण्टाघर आके सभा मे परिणत भईल रहे ।

जुलुस मे महानगरपालिका के जनप्रतिनीधि, कर्मचारी, स्वास्थ्यकर्मी, नर्सिङ अध्ययन करत आईल विद्यार्थी आ स्काउट के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।