सिम्रौनगढ़ मे टाँगी से काटला से चार जने घायल

प्रभु यादव

बारा २२ फगुन

बारा के सिम्रौनगढ़ मे रास्ता के विवाद मे टाँगी चला के काटला से ४ जने के घायल भईल बाडन । एतवार के दिन बिहनिया के ९ बजे के समय मे सिम्रौनगढ़ नगरपालिका–३ नयकाटोला मे रास्ता के लेके भईल विवाद मे स्थानिय मनोज सिंह, सरोज सिंह आ राजा सिंह जथाभावी टागी चलावला से चार जने घायल भईल ईलाका प्रहरी सिम्रोनढ जनकारी करावले बा ।

घायल भईल नयकाटोला के जयराम यादव, धर्मेन्द्र यादव, दिलवा देवी आ मेराज यादव रहल बानी । घायल भईल लोग के सिम्रौनगढ़ नगर अस्पताल मे ईलाज होखे ना सकला पर आउर ईलाज के खतिर बीरगंज पठावल गईल अस्पताल जनकारी करावल स्थानिय संचारकर्मी नुरआलम बादसाह जनकारी करावले बानी ।

जथाभावी टाँगी चलावेवाला दु जने के प्रहरी पकड के अनुसन्धान सुरू कईल सिम्रौनगढ़ इलाका प्रहरी कार्यालय जनाकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।