जसपा नेता प्रदीप यादव के कईल कारबाही फुकुवा

काठमाण्डु ३० फागुन

जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) प्रदीप यादव के कईल अनुशासन के कारबाही फिर्ता लेहले बा ।

जसपा केन्द्रीय कार्यालय प्रमुख प्रकाश अधिकारी के मुताविक फागुन १३ गते से बईठल केन्द्रीय कार्यकारिणी समिति के बईठक से यादव विरुद्ध के कारबाही फिर्ता लेवेके निर्णय कईले बा । यादव के बितल अगहन ५ गते बईठल केन्द्रीय कार्यकारिणी समिति के बईठक से अनुशासन के कारबाही करेके निर्णय कईले रहे ।

पर्सा जिल्ला से प्रतिनिधि सभा मे प्रतिनिधित्व कईल यादव अध्यक्ष उपेन्द्र यादव के पुत्ला जरावे लगायत के काम कईला के बाद उनका के केन्द्रीय कार्यकारिणी समिति सदस्य से हटाके साधारण सदस्य मे सीमित कईल रहे । वर्तमान सत्ता गठबन्धन मे मन्त्री ना बनईला के बाद उ विरोध जनवले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।