हिन्दू परिषद नेपाल के दुसरका साधारण सभा से अध्यक्ष मे फेनु पटेल चयन

वीरगंज २२ फागुन
हिन्दू परिषद नेपाल के दुसरका केन्द्रीय साधारण सभा अम्लेखगंज मे पुरा भईल बा । बारा जिल्ला के मध्य क्षेत्र मे रहल त्रद्दण् होटेल मे भईल साधारण सभा से फेनु संतोष पटेल के अध्यक्ष मे २० पदाधिकारी सहित १०१ केन्द्रीय कमिटी चयन भईल बा ।
साधारण सभा मे बिधान संशोधन, केन्द्रीय कमिटी चयन, भावी योजना बारे मे बृहत छलफल कईल रहे । १ अध्यक्ष आ ५८ केन्द्रीय सदस्यलोग के सर्वसहमती से साधारण सभा अनुमोदन कईले रहे बाकी सदस्य लोग के जरुरत मुताविक मनोनीत करेके जनावल गईल बा । साथे सदस्यलोग से पदाधिकारी चयन करेके जिम्मा नव निर्वाचित केन्द्रीय अध्यक्ष संतोष पटेल के देहल गईल बा ।
साधारण सभा से चयन भईल केन्द्रीय सदस्यलोग क्रमसः बिजय गुप्ता, सुनीता रौनियार, संजय सरार्फ, लालबाबू प्रसाद कुर्मी, सुरेश साह कानू, चित्तरंजन श्रीवास्तव, भरत सरार्फ, अजिता देवी पटेल, सजना खटिवटा, संजय अग्रवाल, उमेश साह कानू, किरण अग्रवाल, संतोष सरार्फ, सचितांनन्द दुबे, बिनोद प्रसाद कुर्मी, सुनील गुप्ता, रमेश रौनियार, साहेब ठाकुर, राकेश चौधरी, कृष्णकान्त झा, दीपक चौधरी, मनोज ओझा, मनीष गुप्ता, पिंकी महासेठ, अमरेन्द्र साह, राधा मण्डल, राज कुमार रौनियार, शान्त बहादुर शाक्य, संतोष बस्नेत, श्यामसुन्दर राय, मनोज मण्डल, राम सोबित नायक, उपेन्द्र झा, बिभा ठाकुर, राममान सिंह महरजन, प्रीति रमण कलवार, साधना यादव, गायत्री साह, लोकनाथ भण्डारी, नबीन सिंह, मनोज राउत, लोकनाथ पाण्डे, दीपेन्द्र बुढा क्षेत्री, खगेन्द्र राज जोसी, अरुण झा, नितेश सिंह, तारकेश्वर कान्दू, ओमकार पाण्डे, नागेन्द्र सिंह, मनीराम रेग्मी, धीरेन्द्र मिश्रा, लक्ष्मी साह, शत्रुघ्न साह, रामेश्वर गुप्ता, मनोज बावरी, मनोज मित्तल, अमोद कुमार केवट चयन भईल बाडन ।
साथे परिषद समान उद्देश्य लेहल संघ संस्था से सहकार्य करेके आ सनातन धर्म के काम करेवाला आदमी के उचित स्थान देके समाहित करेके सहमती भईल बा । परिषद के ७ प्रदेश आ ७७ जिल्ला मे संगठन के आउर मजबुत करेके आ जनजागरण, प्रशिक्षण, सभा लगायत के काम के प्राथमिकता देवेके निर्णय भईल बा ।





