हरवाचरवा यूवा एक्टिभिजम तथा जनवकालत तालिम लहान मे शुरु

वीरगंज २२ फागुन

अभी भी दाश प्रथा के अबशेष के रुप मे रहल कृषि बधुवा मजदुरः हरवाचरवा के मुक्ति आ पुनस्र्थापना के संयुक्त आन्दोलन मे हरवाचरवा यूवालोग के संग्लनता बृद्धी करेके उद्देश्य से सिराहा के लहान मे ३ दिने हरवाचरवा यूवा एक्टिभिजम तथा जनवकालत तालिम लहान मे शुरु भईल बा ।

नेपाल के परिवर्तित राजनितिक सामाजिक सन्दर्भ, कृषि बधुवा मजदुर सम्बन्धी राज्य के निति तथा कानुन सम्बन्धी हरवाचरवा यूवालोग के क्षमता अभिबृद्धी करे खातिर तालिम के आयोजना कईल बात राष्ट्रिय दलित नेटवर्क के जनवकालत अधिकृत रुपनारायण पासवान बतवनी । ३ दिन तक चलेवाला तालिम मे हरवाचरवा के बर्तमान समस्या आ सवालसब पहिचान आ प्राथमिकीकरण होके मुक्ति आ पुनस्र्थापना के आन्दोलन मे ६ महिने जनवकालत योजना भी निर्माण होखी ।

साथे तालिम मे अभियान आ आन्दोलन सञ्चालन के खातिर हरवाचरवा यूवालोग के भूमिका के बारे मे छलफल होके स्थानिय, प्रादेशिक आ संघीय स्तर मे नितिगत जनवकालत सञ्चालन करे खातिर एक्टिभीष्टसब से चालेवाला कदम के बारे मे भी सामान बुझाई कायम होखी ।

उ तालिम मे प्रदेश नं. २ के ६ गो जिल्लासब सप्तरी, सिराहा, धनुषा, बारा, पर्सा आ रौतहट के ३० जने हरवाचरवा यूवालोग के सहभागिता रहल बा । द फ्रिडम फण्ड के आर्थिक सहजोग, राष्ट्रिय हरवाचरवा अधिकार मञ्च संगे के सहकार्य मे राष्ट्रिय दलित नेटवर्क के आयोजना मे मिति २०७८ फागुन २२ से २४ गते तक सञ्चालन होखेवाला तालिम के सहजीकरण द फ्रिडम फण्ड के बालाराम भट्टराई, जियाम श्रेष्ठ, भूमिबिज्ञ जगत देउजा, मानवअधिकारकर्मी राजु पासवान आ राष्ट्रिय दलित नेटवर्क के टीम लिडर हुकुम सार्की करेके जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।