वीरगंज से भन्सार छली के समान सहित दु गो गाडी नियन्त्रण मे

वीरगंज २३ फागुन

भन्सार राजश्व छल के लियावल सामान सहित पुलीस वीरगंज के अलग अलग जगहा से चालकसहित ट्रक आ कन्टेनर नियन्त्रण मे लेहले बा ।

खुद्रा आ हार्डवेयर सामान काठमाण्डु लेजारहल सूचना के आधार मे खटल टोली एतवार के दिने साढे ५ बजे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १५ प्रतिमा चोक से कन्टेनर नियन्त्रण मे लेहले रहे ।

ना ६ ख ९९९५ नम्बर के कन्टेनर मे भन्सार छल के लियावल खुद्रा सामान आ हार्डवेयर सामान मिलल पुलीस जनवले बा । कन्टेनर के समान के मूल्य ४० लाख रोपेया मुल्याङ्कन कईल बा ।

एहितरे भन्सार छल के लियावल लत्ताकपडा, जुत्ता तथा खुद्रा सामानसहित पुलीस सोमार के दिनके साढे १ बजे वीरगंज महानगरपालिका–८ घण्टाघर चोक से ट्रक नियन्त्रण मे लेहले बा । ना.३ ख. ३९४४ ट्रक मे रहल सामान करिब ५० लाख रोपेया के रहल पुलीस के कहनाम बा ।

ट्रक आ कन्टेनर सामानसहित राजश्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया, बारा मे बुझावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।