भन्सार छली के चाउर सहित पिकअप पकडाईल

वीरगंज २६ फागुन
भन्सार छली करके लियावल चाउर सहित एगो पिकअप पुलीस पकडले बा । वीरगंज महानगरपालिका के वार्ड नं. ११ रानीघाट सडकखण्ड से बुध के सँझिया ७ बजे प्रदेश ०३–००१ च ०५२२ नम्बर के पिकअप गाडी पुलीस पकडले बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से खटल टोली प्रज्ञापन पत्र विना के भारतीय चाउर लोड करके वीरगंज से बारा के जितपुर ओरी लेजारहल सूचना के आधार मे पिकअप गाडी रोक के चेकजाँच करेके समय मे सूचना अनुरूप हि भन्सार छली के लियावल चाउर मिलल पुलीस जनवले बा ।
उ पिकअप मे लोड रहल चाउर ११८ बोरा नियन्त्रण मे लेके रू एघार लाख मूल्याङ्कन करके जरुरी कारवाही के खातिर बियफे के दिने राजश्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया, बारा मे बुझावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरिक्षक ओमप्रकाश खनाल बतवनी ।






