मुआब्जा ना लेहला से मटिअर्वा–मानमत सडक के काम अधुरा

मुआब्जा ना लेहला से मटिअर्वा–मानमत सडक के काम अधुरा

बारा १६ फागुन

बारा जिल्ला के मटिअर्वा–कलैया–मानमत सडक खण्ड अन्तर्गत कलैया उपमहागनरपालिका मे परेवाला साढे ३ किलोमिटर सडक खण्ड के ५२ जग्गाधनी अभी भी मुआब्जा ना बुझला के चलते सडक अलपत्र परल जनावल गईल बा ।

भारत के सहजोग मे २ बरीस पहिले बनल करिब २२ किमि लम्हर उ सडक खण्ड मे कलैया उपमहानगरपालिका मे बरेवा से भवानीपुर तक करिब साढे ३ किमि सडक खण्ड मुआब्जा बिवाद के चलते बने नईखे सकल ।

भारत के सीमा से पूर्व–पश्चिम महेन्द्र राजमार्ग जोडेवाला उ सडक खण्ड मे जमिन परल जग्गा धनी मुआब्जा रकम कम भईल कहत मुद्दा देहला के बाद ठेकेदार सप्तकोशी जलाधार÷ओमसाइ एण्डक कम्पनी काम करे सकल नईखे ।

हुलाकी राजमार्ग निर्देशनालय योजना कार्यालय वीरगंज के सूचना अधिकृत सन्जयकुमार ठाकुर के मुताविक स्थानीय मुआब्जा ना बुझला के चलते ठेकेदार कम्पनी समय मे काम पुरा करे ना मिलल बतवनी । अभी ठेकेदार कम्पनी ठेक्का के म्याद थप प्रक्रिया मे गईल आ सम्पर्क मे भी रहला से काम सुरु करे खातिर ठेकेदार के ओरी से कउनो समस्या नईखे ।

माकिर ५२ जग्गाधनी अभी भी मुआब्जा बुझेके बाँकी रहला से ठेकेदार कम्पनी के काम सुरु करेमे समस्या भईल बा । ई सडक खण्ड मे विद्यालय, मठ मन्दिर, पुस्तकालय तथा व्यक्तिगत घर जग्गा समेत करके ४ सय ६५ जग्गाधनी मेसे ४ सय १३ जने अभी तक १ अरब २ करोड ६८ लाख ३२ हजार ३ सय ९७ रोपेया मुआब्जा बुझ चुकल ठाकुर बतवनी । माकिर ५२ जग्गाधनी अभी भी २ करोड ५५ लाख ४९ हजार ३ सय रोपेया मुआब्जा बुझले नईखन ।

कलैया उपमहानगरबासी अधुरा छोडल सडक खण्ड मे धुरा उडेके आ आवागमन मे समस्या भईल कहत सडक के पूर्णता देवे खातिर दबाब स्वरुप संघर्ष के कार्जक्रम करत आईल बाडन ।

कलैया देवकोटाचोक निवासी कर्दम श्रेष्ठ ई सडक खण्ड के कुछ भाग निर्माण पुरा ना भईला से सडक किनार के घर भईललोग के धुरा से समस्या हो रहल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।