वार्ड नं १७ अलौ मे रहल स्वस्थ्य चौकि गर्भवती जनानी आ बच्चा के जीवन से खेलवाड कर रहल

वीरगंज २६ फागुन

बीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं १७ मे रहल स्वस्थ्य चौकी गर्भवति जनानी आ बच्चा के जीवन से खेलवाड कर रहल समाचार मिलल बा । गर्भवति जनानी के देह मे आइरन के कमी होखे से बँचे खातिर फोलस (ायगिक) नामक दवाई देहले बा ।

कार्यालय मे रहल (ायगिक) नामक दवाई के म्याद बिगडेके समय अवधि ४ महिना रहला पर भी दवाई राखेके व्यवस्था सही तरिका से ना भईला के चलते दवाई बिगडत गईल बा ।

कार्यालय मे कार्यरत रहल डा. इन्दिरा बस्नेत गर्भवति जनानी के चेक जाँच करके बिगडल दवाई वितरण कईले बानी । एक जने संचारकर्मी कार्यालय मे पुगला पर डा. इन्दिरा बस्नेत से बातचीत कईला पर उ कहनी हमनी ई दवाई देवे से पहिले हि जउन दवाई बिगडल बा उ ना खाएके आ जउन ठिक बा उ देखके खाएके बतावत आईल जानकारी देहनी ।

जदि केहु जनानी ई बात ना बुझला पर बिगडल दवाई खालेवेली । बिगडल दवाई खईला पर मातारी आ बच्चा दुनु के ज्यान जोखिम मे पर सकता ।

बस्नेत कहनी वीरगंज महानगरपालिका अईसन दवाई देहले बा हमनी उहे वितरण करेनी । हमनी लग आउर बहुते दवाई बा जउना मेसे मात्र ई आइरन के दवाई महानगर पालिका अईसन देहले बा ।

कईसे महानगरपालिका आ वार्ड नं. १७ के वार्ड कार्यालय अईसन गैर जिमेवारी पूर्वक काम कर सकता । अईसन दवाई जराके नोक्सान करेके परला पर आउर बिगडल दवाई बँटले बा । जदि अईसन बिगडल दवाई खईला पर मातारी आ बच्चा के कुछ अनहोनी भईला पर के जिम्मेवार होखी कहके सचेत नागरिकलोग सवाल कर रहल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।